Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

उपचुनाव में सीएम धामी के ऐतिहासिक जीत, 54 हजार 121 वोट से जितलें

548

सीएम धामी चम्पावत उपचुनाव में 54 हजार से अधिका वोट पा के जीत गइल बाड़न. सीएम धामी के रिकार्ड वोट से जीत के संगे भाजपा कार्यकर्ता जश्न मनावे शुरू क देले बाड़े। कांग्रेस के निर्मला गहाटोडी के 3607 वोट मिलल. पहिला बेर कांग्रेस के जमानत जब्त कर लिहल गइल.

11 चरण के ट्रेंड सामने अइला के बाद सीएम धामी ऐतिहासिक जीत के ओर बढ़त रहले। 11वें दौर के बाद सीएम धामी की बढ़त 46333 रहल। एकरा संगे-संगे पूर्व सीएम बहुगुणा के जीत के रिकॉर्ड भी तूड़ देले। सीएम के समर्थक जश्न मनावे शुरू क देले बाड़े।

सीएम पुष्कर सिंह धामी टनकपुर पहुंचलें

उपचुनाव के नतीजा निकलते जनता के धन्यवाद देबे खातिर सीएम पुष्कर सिंह धामी टनकपुर चहुँप गइल बाड़न. उनुका संगे भारी संख्या में समर्थक भी पहुंच चुकल बाड़े। इहाँ भाजपा कार्यकर्ता रंग गुलाल उड़ावे के संगे-संगे सीएम के समर्थन में नारा लगावतारे।

ढोल दमौन के थाप पर डोल तिया भाजपा

चुनाव के नतीजा के बाद सांसद अजय तमता अवुरी उप चुनाव प्रभारी भाजपा कैलाश शर्मा के संगे भाजपा कार्यकर्ता ढोल दमौन के धड़कन प नाचले। भाजपा समर्थक के संगे-संगे भारी संख्या में लोग इहाँ जश्न मनावतारे। आजु उत्तराखंड के इतिहास में एगो नया रिकार्ड जोड़ल गइल बा.

266790cookie-checkउपचुनाव में सीएम धामी के ऐतिहासिक जीत, 54 हजार 121 वोट से जितलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.