Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भाजपा अभिन मथत रहल, एन्ने निरहुआ पोस्टर लेके आ गइलें

आजमगढ़ से लगा रहल बाने दांव

539

उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ लोकसभा सीट प होखेवाला उपचुनाव खाती भारतीय जनता पार्टी उम्मीदवार के घोषणा नईखे कईले। ओने आजमगढ़ से पहिले कमल चिन्ह प चुनाव लड़े वाला भोजपुरी स्टार दिनेशलाल यादव उर्फ ​​निरहुआ वोट मांगे शुरू क देले बाड़े। ट्विटर प ए पोस्टर जारी करत निरहुआ कमल के निशान प वोट देवे के अपील कईले बाड़े।

ट्विटर पs ई पोस्टर जारी करत नरहुआ लिखले कि, “जाति धरम ना कवनो भरम ना कवनो मनबढ़ के लिए।” कमल के बटन दबीह भईया तोहरा आजम गढ़ के लिए।’’ पोस्टर पर इहे बात लिखल बा आ निरहुआ के तस्वीर ओहिजा बा। ए पोस्टर प पीएम मोदी, गृहमंत्री अमित शाह, यूपी के सीएम ओगी आदित्यनाथ अवुरी भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के भी देखल जा सकता।

साल 2019 में अखिलेश से भयंकर हार भइल रहे

2019 के लोकसभा चुनाव में दिनेश लाल यादव के आजमगढ़ सीट से भाजपा खड़ा कईले रहे। लेकिन उ अखिलेश यादव से 2 लाख 59 हजार 874 वोट से हार गईले। एकरा से पहिले 2014 में भाजपा उम्मीदवार रमाकांत यादव ए सीट से सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव से हार गईल रहले।

इशारा पार्टी से बा कि ई ह दबाव पैदा करे के कोशिश?

अखिलेश यादव करहल सीट से विधानसभा चुनाव जीतला के बाद लोकसभा सीट से इस्तीफा दे देले रहले। रामपुर के संगे-संगे आजमगढ़ में उपचुनाव भी होखे जा रहल बा। भाजपा अवुरी सपा अभी तक उम्मीदवार के घोषणा नईखे कईले। ओने निरहुआ के पोस्टर के लेके अटकलबाजी तेज हो गईल बा। अभी तक इ साफ नईखे कि उ पार्टी के इशारा प पोस्टर जारी कईले बाड़े कि उ अपना दावा प दबाव बनावे के कोशिश करतारे।

267080cookie-checkभाजपा अभिन मथत रहल, एन्ने निरहुआ पोस्टर लेके आ गइलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.