[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली-वाराणसी इंडिगो फ्लाइट में बम लिखल टिशू पेपर मिलल: 176 पैसेंजर्स के इमरजेंसी गेट से बाहर निकालल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली एयरपोर्ट पs वाराणसी जाये वाला इंडिगो के फ्लाइट (6E2211) में मंगर के सबेरे टेकऑफ से पहिले एगो टिशू पेपर मिलल, जेमे ’30 मिनट में बम ब्लास्ट’ लिखल रहे। एकरा के धमकी के आशंका मानल गइल। एकरा बाद क्रू मेंबर्स पैसेंजर्स के इमरजेंसी गेट से बाहर निकालल लो। कुछ यात्री विंग के जरिए प्लेन से उतरत देखल गइल लो। फ्लाइट में 176 पैसेंजर्स रहे लो।

दिल्ली एयरपोर्ट पs QRT आ बम डिस्पोजल टीम बोलावल गइल। प्लेन के तलाशी लिहल गइल, बाकिर अधिकारियन के कुछो संदिग्ध ना मिलल। एयरपोर्ट के अधिकारी लोग बतावल गइल कि सबेरे करीब साढ़े पांच बजे वॉशरूम में पायलेट के टिशू पेपर मिलल रहे। टिशू पेपर वॉशरूम में कइसे पहुंचल, एकर जांच चल रहल बा।

एह महीना, माने एक मई से अभी ले 28 दिन में एयरपोर्ट, स्कूल, अस्पताल समेत बम धमकी के ई आठवां घटना हs। एकरा पहिले 23 मई के दिल्ली के लेडी श्रीराम कॉलेज में बम के धमकी दिहल गइल रहे। ओकरा पहिले गृह मंत्रालय के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल रहे। सब धमकी फर्जी निकलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]