[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली से वाराणसी जा रहल इंडिगो के फ्लाइट में बम के सूचना से मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दिल्ली से वाराणसी जाए वाली इंडिगो फ्लाइट में बम के जानकारी के चलते हड़कंप मच गईल बा। विमान के जांच खातीर आइसोलेशन बे में ले जाइल गईल बा। हवाई अड्डा के अधिकारी बतवले कि विमान सुरक्षा अवुरी बम निरोधक टीम फिलहाल मौका पs मौजूद बा।

पूरा मामिला का बा?

मिलल जानकारी के मुताबिक दिल्ली से वाराणसी जाए वाली इंडिगो के फ्लाइट के खुद रनवे पs रोक दिहल गईल अवुरी फ्लाइट में सवार लोग के इमरजेंसी एग्जिट दिहल गईल। सुरक्षाकर्मी के टीम मौका पs पहुंचल बिया अवुरी जांच जारी बा। बम के खबर से ही विमान खाली करावल गईल।

आज सबेरे 5.35 बजे दिल्ली से वाराणसी जाए वाली फ्लाइट में बम के खबर मिलते हड़कंप मच गईल अवुरी एयरपोर्ट प्रशासन समेत सुरक्षा बल के अलर्ट कs दिहल गईल। हड़बड़ी में यात्री के उड़ान से उतार के जांच शुरू कs दिहल गईल।

हालांकि सभ यात्री सुरक्षित बाड़े अवुरी केहु के कवनो नुकसान नईखे होखत। उड़ान में बम बा कि ना एकर जानकारी जांच के बाद ही मिली। बता दीं कि पहिले दिल्ली के बहुत स्कूलन में भी बम के धमकी मिलल रहे, जेकरा बाद स्कूलन के भी खाली करावल गइल रहे। हालांकि बाद में जानकारी सोझा आईल कि केहु बम के फर्जी खबर फइलवले बा। एकरा अलावे गृह मंत्रालय में भी बम के खबर सामने आईल बा, जवन कि फर्जी साबित भईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]