[the_ad_group id="30365"]

मिजोरम में लैंडस्लाइड से 13 के मौत, 16 लापता : साइक्लोन के कारण लगातार बरखा से पत्थर के खदान ढहल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मिजोरम में साइक्लोन रेमल के असर के कारण लगातार बरखा हो रहल बा। एकरा चलते मंगर के सबेरे छह बजे राजधानी आइजोल में पत्थर के एगो खदान ढह गइल। एमे 13 लोगन के मौत हो गइल। करीब 16 लोग लापता बा। हालांकि, अब तक 10 मौतन के आधिकारिक पुष्टि भइल बा। घटना आइजोल के मेल्थम आ ह्लिमेन के बीच के हs।

मिजोरम डीजीपी अनिल शक्ला न्यूज एजेंसी PTI के बतवलें कि अब तक 10 शव निकालल गइल बा। एमे सात स्थानीय लोगन के बा, जबकि तीन दूसरा राज्यन के बा। मलबा में कइयन आउर लोगन के दबल होखे के आशंका बा। रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा, बाकिर तेज बरखा के कारण एमे दिक्कत आ रहल बा।

स्कूल-सरकारी दफ्तर बंद, CM इमरजेंसी बैठक बोलवलें

लगातार बरखा के कारण मिजोरम के सब स्कूल आ सरकारी दफ्तर आज बंद कs दिहल गइल बा। प्राइवेट कंपनियन के अपना कर्मचारियन से घर से काम करवावे खातिर कहल गइल बा।

राज्य में कइयन गो आउर जगह लैंडस्लाइड भइल बा। एमे दु लोगन के मौत भइल। आइजोल के सलेम वेंग में लैंडस्लाइड के बाद एगो इमारत पानी के संगे बह गइल, जवना के बाद तीन लोग लापता बा।

पुलिस बतवलस कि हुनथर में नेशनल हाईवे-6 पs

लैंडस्लाइड के कारण आइजोल देस के बाकी हिस्सन से कट गइल बा। राज्य के भीतर कइयन गो स्टेट हाईवे बंद बा। लगातार बरखा से नदियन के जल स्तर बढ़ रहल बा। नदी के किनारा के इलाकन में रहे वाला कइयन लोगन के हटा दिहल गइल बा।

मुख्यमंत्री लालदुहोमा राज्य में खराब मौसम के लेके इमरजेंसी बैठक बोलवले बाडें। एमे गृह मंत्री के सपडांगा, मुख्य सचिव रेनू शर्मा आ दूसरका बड़ अधिकारी मवजूद रही लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]