Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भाजपा कइलस उपचुनाव खातिर उम्मीदवारन के सूची जारी: आजमगढ़ से नकवी ना, निरहुआ होइहें प्रत्याशी

785

भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) लोकसभा अवुरी विधानसभा उपचुनाव खाती अपना उम्मीदवार के सूची जारी क देलस। उत्तर प्रदेश से घनश्याम लोधी आ दिनेश लाल यादव, त्रिपुरा से सीएम मानिक साहा, दिल्ली से राजेश भाटिया आ झारखंड से गंगोत्री कुजूर चुनाव लड़ीहें.

रामपुर सीट खातिर भाजपा घनश्याम लोधी के आपन उम्मीदवार बनवले बिया. दूसर ओर आजमगढ़ लोकसभा सीट प पार्टी भोजपुरी स्टार अवुरी पूर्व उम्मीदवार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के टिकट देले बिया। आजमगढ़ से कमल के प्रतीक प चुनाव लड़ चुकल निरहुआ ए घोषणा से पहिले से वोट मांगे लगले।

निरहुआ घोषणा से पहिलही प्रचार शुरू क देले रहने

शुक्रवार के ट्विटर प ए पोस्टर जारी करत निरहुआ कमल के निशान प वोट देवे के अपील कईले। उ लिखले कि, “जाति धरम ना कवनो भरम ना कवनो मनबाद के के लिए।” कमल बटन दबीह भाई तोहरा आजमगढ़ के लिए।

एकरा से पहिले 2019 के लोकसभा चुनाव में दिनेश लाल यादव के आजमगढ़ सीट से समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव हरा दिहले रहले। एकरा संगे-संगे साल 2014 में भाजपा उम्मीदवार रमाकांत यादव ए सीट से चुनाव में सपा संरक्षक मुलायम सिंह यादव से हार गईले।

रामपुर से घनश्याम लोधी होइहें भाजपा प्रत्याशी

रामपुर लोकसभा सीट से खाली पड़ल भाजपा उपचुनाव खातिर घनश्याम लोधी के पार्टी के उम्मीदवार घोषित कर दिहले बिया. विधानसभा खातिर चुनल गइल समाजवादी पार्टी नेता आजम खान के खाली करावल रामपुर लोकसभा सीट पर बहुजन समाज पार्टी बसपा वॉकओवर देबे के फैसला कइले बिया. मिलल जानकारी के मुताबिक खान के परिवार के कवनो सदस्य रामपुर लोकसभा सीट से उपचुनाव में चुनाव लड़े के संभावना बा।

268280cookie-checkभाजपा कइलस उपचुनाव खातिर उम्मीदवारन के सूची जारी: आजमगढ़ से नकवी ना, निरहुआ होइहें प्रत्याशी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.