Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राज्यसभा खातिर निर्विरोध चुनल गइले 41 उम्मीदवार, बाकी सीटन पs 10 जून के होई वोटिंग; देखीं नया सांसदन के पूरा लिस्ट

राज्यसभा के 10 जून के होखे वाला चुनाव खातिर 41 उम्मीदवार निर्विरोध निर्वाचित हो गइल लो। ई निर्वाचित प्रत्याशी उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखंड, उत्तराखंड, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, पंजाब आ तमिलनाडु से बा लो...

912

राज्यसभा के 10 जून के होखे वाला द्विवार्षिक चुनाव (Rajya Sabha Elections 2022) खातिर नामांकन दाखिल करे वाला 41 उम्मीदवार निर्विरोध निर्वाचित हो गइल लो। ई निर्वाचित प्रत्याशी उत्तर प्रदेश, बिहार, झारखंड, उत्तराखंड, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, पंजाब आ तमिलनाडु से राज्यसभा पहुंचल बा लो। विजयी उम्मीदवारन में भाजपा, कांग्रेस, आप, रालोद, सपा, झामुमो, द्रमुक, अन्नाद्रमुक आ वाईएसआर कांग्रेस पार्टियन के अलावे एगो निर्दलीय प्रत्याशी शामिल बाड़े। 3 जून नाम वापसी का अंतिम दिन रहे।

उत्तर प्रदेश : भाजपा के आठ सदस्य समेत 11 निर्विरोध जीतल लो

राज्यसभा खातिर उत्तर प्रदेश से भाजपा के आठ सदस्यन सहित 11 सदस्य निर्विरोध चुनल गइल बा लो। चुनल गइल आठ भाजपा सदस्यन में लक्ष्मीकांत वाजपेयी, डॉ. राधा मोहन दास अग्रवाल, सुरेंद्र नागर, डॉ. के. लक्ष्मण, मिथिलेश कुमार, बाबूराम निषाद, संगीता यादव आ दर्शन सिंह बा लो। कपिल सिब्बल के निर्दलीय उम्मीदवार के रूप में चुनल गइल बा। ओहिजा, राष्ट्रीय लोक दल (रालोद) के अध्यक्ष जयंत चौधरी के निर्वाचित घोषित कइल गइल बा। दूनों के समाजवादी पार्टी के समर्थन से चुनल गइल बा। समाजवादी पार्टी के जावेद अली चुनल गइल बाड़े। निर्वाचन अधिकारी बृजभूषण दुबे निर्वाचित सदस्यन के ओह लो प्रमाण पत्र देले।

झारखंड : झामुमो के माजी, भाजपा के साहू लिहल लो सर्टिफिकेट

झारखंड मुक्ति मोर्चा (झामुमो) के महुआ माजी आ भाजपा के आदित्य साहू के सुक के झारखंड से राज्यसभा खातिर निर्विरोध निर्वाचित घोषित कइल गइल। माजी आ साहू के संसद के उच्च सदन में ई पहिला पारी होई। झारखंड विधानसभा के सचिव आ चुनाव खातिर रिटर्निंग अधिकारी सैयद जावेद हैदर नतीजन के घोषणा कइले। माजी पहिले झारखंड राज्य महिला आयोग के अध्यक्ष रहीं। ऊ झामुमो के महिला इकाई के अध्यक्षो रह चुकल बाड़ी। झामुमो नेता पहिले रांची विधानसभा सीट से चुनाव लड़ले रहली, बाकिर हार गइल रही। राज्य के 81 सदस्यीय विधानसभा में झामुमो के 30 विधायक बा लो जबकि कांग्रेस के 17 विधायक आ मुख्य विपक्षी दल भाजपा के 26 विधायक बा लो।

पंजाब : आप के सीचेवाल आ साहनी चुनल गइल लो

राज्यसभा चुनाव में पंजाब से आम आदमी पार्टी (आप) के उम्मीदवार पर्यावरणविद बलबीर सिंह सीचेवाल आ उद्यमी आ सामाजिक कार्यकर्ता विक्रमजीत सिंह साहनी के निर्विरोध चुन लिहल गइल बा। पंजाब विधानसभा के निर्वाचन अधिकारी सह सचिव सुरिंदर पाल ने बतवले कि सीचेवाल आ साहनी दुनों के निर्विरोध विजय मिल गइल बा। आप राज्यसभा के दु सीट खातिर सीचेवाल आ साहनी के नामित कइले रहे। पंजाब से राज्यसभा सदस्य अंबिका सोनी (कांग्रेस) आ बलविंदर सिंह भुंडर (शिअद) के कार्यकाल 4 जुलाई के समाप्त होई।

 

मध्यप्रदेश : तन्खा, सुमित्रा आ कविता राज्यसभा पहुंचल लो

वरिष्ठ वकील आ कांग्रेस नेता विवेक तन्खा, भाजपा के महिला नेता कविता पाटीदार आ सुमित्रा वाल्मीकि के सुक के मध्य प्रदेश से राज्यसभा खातिर निर्विरोध निर्वाचित घोषित कइल गइल।

तन्खा उच्च सदन में लगातार दूसरा बेर निर्वाचित भइल बाड़े।वाल्मीकि आ पाटीदार दुनों राज्यसभा में पहिला बेर जा रहल बा लो। मध्य प्रदेश विधानसभा के प्रमुख सचिव आ राज्यसभा चुनाव खातिर निर्वाचन अधिकारी एपी सिंह परिणाम के घोषणा कइले। ऊ बतवले कि राज्य के तीनो खाली सीट खातिर केहू आउर उम्मीदवार नामांकन दाखिल ना कइले रहे, जबकि 3 जून उम्मीदवारी वापस लेवे के आखिरी तारीख रहे। मालूम होखे कि पाटीदार पहिले मध्यप्रदेश महिला आयोग के सदस्य के तौर पs काम कs चुकल बाड़ी। ओहिजा, वाल्मीकि तीन दफा जबलपुर नगर निगम में पार्षद आ एक बेर एल्डरमैन रह चुकल बाड़ी। ओहिजा, तन्खा वर्तमान में राज्यसभा के सदस्य बाड़े आ उनकर मवजुदा कार्यकाल अगिला महीना समाप्त हो जाई। मध्यप्रदेश के कुल 11 राज्यसभा सीटन में से मवजूदा समय में भाजपा के लगे आठ जबकि कांग्रेस के लगे तीन सीटे बा।

छत्तीसगढ़ : कांग्रेस के शुक्ला आ रंजन निर्विरोध निर्वाचित

छत्तीसगढ़ में सत्ताधारी कांग्रेस पार्टी के उम्मीदवार राजीव शुक्ला आ रंजीत रंजन सुक के राज्यसभा खातिर निर्विरोध चुन लिहल गइल लो। विधानसभा के सचिव दिनेश शर्मा ई जानकारी देले। शर्मा बतवले, कांग्रेस उम्मीदवार रंजीत रंजन खुदे उपस्थित होके जबकि राजीव शुक्ला के ओर से उनकर भाई उनकर निर्वाचन प्रमाण-पत्र प्राप्त कइल लो। छत्तीसगढ़ के पांच राज्यसभा सदस्यन में से दू छाया वर्मा (कांग्रेस) आ रामविचार नेताम (भाजपा) के कार्यकाल एही महीना समाप्त हो रहल बा।राज्य के तीन आउर  राज्यसभा सदस्य कांग्रेस से केटीएस तुलसी आ फूलो देवी नेताम जबकि भाजपा से सरोज पांडेय बा लो।

मालूम होखे कि यूपी के रहे वाला आ पत्रकारिता से राजनीति में आइल 63 वर्षीय शुक्ला एकरा पहिले तीन बेर राज्यसभा सदस्य रह चुकल बाड़े। रंजीत रंजन बिहार से पूर्व लोकसभा सांसद हई। रंजन के निर्विरोध चुन लेला के बाद अब राज्य से तीन महिला राज्यसभा सदस्य हो गइल ना लो। छत्तीसगढ के 90 सदस्यीय विधानसभा में कांग्रेस के 71 विधायक बा लो जबकि भाजपा के 14, जनता कांग्रेस छत्तीसगढ़ (जे) तीन आ बसपा के दु गो विधायक बा लो। राज्य के मुख्य विपक्षी दल भाजपा राज्य विधानसभा में आपन कम ताकत के देखत आपन उम्मीदवार ना उतरले रहे।

बिहार : पांचों प्रत्याशी निर्विरोध निर्वाचित

बिहार से राज्यसभा के पांचों सीटों खातिर जदयू, भाजपा आ राजद के प्रत्याशी सुक के निर्विरोध निर्वाचित हो गइल लो। जदयू प्रत्याशी खीरू महतो, भाजपा उम्मीदवार सतीश चंद्र दूबे आ शंभू शरण पटेल जबकि राजद प्रत्याशी मीसा भारती आ डॉ. फैयाज अहमद के जीत के प्रमाणपत्र अपराह्न करीब चार बजे दिहल गइल। विधानसभा सचिव शैलेंद्र सिंह ई जानकारी देले।

तमिलनाडु : चिदंबरम आ पांच आउर प्रत्याशी राज्यसभा पहुंचले

तमिलनाडु से नामांकन दाखिल करे वाला सबे छह उम्मीदवारन के अधिकारी लो सुक के निर्विरोध निर्वाचित घोषित कs दिहल। एमे सत्ताधारी द्रमुक के तीन उम्मीदवार बा लो। निर्विरोध निर्वाचित होखे वालन में सत्ताधारी द्रमुक के एस कल्याणसुंदरम, आर गिरिराजन आ केआरएन राजेश कुमार, अन्नाद्रमुक के सीवी शनमुगम आ आर धर्मर आउर कांग्रेस पार्टी के उम्मीदवार पी. चिदंबरम शामिल बा लो। चिदंबरम के चयन के संगे कांग्रेस पार्टी के लगे लमहर अंतराल के बाद राज्यसभा में तमिलनाडु से एगो सदस्य होई। 2016 में चिदंबरम महाराष्ट्र से राज्यसभा खातिर चुनल गइल रहस आ उनकर कार्यकाल एह साल 4 जुलाई के ओरा रहल बा।

उत्तराखंड : डॉ. कल्पना सैनी के निर्चाचन पs मुहर

भाजपा नेता डॉ. कल्पना सैनी राज्यसभा खातिर निर्विरोध निर्वाचित हो गइल बाड़ी। सुक के विधानसभा भवन में रिटर्निंग अफसर आ विधानसभा के सचिव मुकेश सिंघल उनका के निर्वाचन सर्टिफिकेट सउपले। अब लोकसभा के संगही राज्यसभा के तीनों सीटे भाजपा के झोरी में आ गइल बा  मीडिया से बातचीत में डॉ. सैनी कहली कि ऊ पार्टी नेतृत्व के कसौटी पs खरा उतरे के कोसिस करिहे। खुद के उत्तराखंड के बेटी बतावत ऊ कहली कि ऊ प्रदेश के समस्यन के राज्यसभा में उठइहे।

 

आंध्र प्रदेश : वाईएसआरसी के चार प्रत्याशी जीतल लो

आंध्र प्रदेश से राज्यसभा खातिर भइल द्विवार्षिक चुनाव में सुक के वाईएसआर कांग्रेस (वाईएसआरसी) के चार प्रत्याशियन के निर्विरोध निर्वाचित घोषित कs दिहल गइल। राज्य के मुख्य निर्वाचन अधिकारी मुकेश कुमार मीणा ई घोषणा कइले। निर्वाचित उम्मीदवारन में वी. विजयसाई रेड्डी, बी. मस्तान राव, आर. कृष्णैया आ एस. निरंजन रेड्डी शामिल बा लो। राज्यसभा में अब वाईएसआर कांग्रेस के सदस्यन के संख्या बढ़के नव हो गइल बा। आंध्र प्रदेश से राज्यसभा के 11 गो सीट बा। ओमे से एगो सीट भाजपा आ एगो सीट तेलुगु देशम पार्टी (टीडीपी) के लगे बा।

267420cookie-checkराज्यसभा खातिर निर्विरोध चुनल गइले 41 उम्मीदवार, बाकी सीटन पs 10 जून के होई वोटिंग; देखीं नया सांसदन के पूरा लिस्ट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.