Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BJP Foundation Day 2022 : परिवारवाद के लेके मोदी के निशाना

भाजपा के स्थापना दिवस पs देश के सम्बोधित कs रहल बानें प्रधानमंत्री

122
सीवान इन्शुरेंस 720 90

मोदी ने परिवारवाद के लेके विरोधी दल पर निशाना सधने। ऊ कहने कि हमनी खातिर राजनीति अउर राष्ट्रनीति साथ-साथ चलs ला, लेकिन इहो सच्चाई बा कि अभिनो देश में दू तरह के राजनीति चल रहल बा। एगो राजनीति बा परिवारभक्ति के, अउर दूसर ह राष्ट्रभक्ति के। परिवारवादी पार्टी सब देश के नौजवानन के कब्बो आगे नाइ बढ़े देहलस। उनके साथ हमेशा विश्वासघात कइले बा। आज हमनीके गर्व होखे के चाहीं कि आज भाजपा इकलौती पार्टी बा जौन एह चुनौती से देश के सजग कs रहल बा, सतर्क कs रहल बा।

केंद्रीय स्तर पर अउर अलग-अलग राज्य में कुछ राजनीतिक दल बानें जौन बस अपने परिवार के हित खातिर काम करेने। परिवारवादी सरकार में परिवार के सदस्य के स्थानीय निकाय से लेके संसद ले दबदबा रहs ला। ई लोग भलही अलग-अलग राज्य में होखे लेकिन परिवारवाद के तार से जुड़ल रहेने। एक दूसरे के भ्रष्टाचार के ढांक के रखेंने।

Middle Yayawari
237650cookie-checkBJP Foundation Day 2022 : परिवारवाद के लेके मोदी के निशाना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.