तेज आवाज पs शाह के संसद में सफाई: हम खिसियानी ना, हमार उंच आवाज तs मैनुफेक्चरिंग डिफ़ेक्ट हs

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2022

गृह मंत्री अमित शाह सोमार के लोकसभा में कहले कि उनकर उंच आवाज खीस के वजे से ना हs, बलुक उनकर मैनुफेक्चरिंग डिफ़ेक्ट हs। ई सुन के सदन में मवजूद सभे लोग हंसे लागल शाह

Share

गृह मंत्री अमित शाह सोमार के लोकसभा में कहले कि उनकर उंच आवाज खीस के वजे से ना हs, बलुक उनकर मैनुफेक्चरिंग डिफ़ेक्ट हs। ई सुन के सदन में मवजूद सभे लोग हंसे लागल शाह इहो कहले कि ऊ केहु के डांटे ले ना, ना उनका खीस आवेला। उनका खाली कश्मीर से जुड़ल सवालन पs खीस बरेला।

तृणमूल कांग्रेस के नेता के सवाल पस देले जबाब 

अमित शाह सदन में क्रिमिनल प्रोसिजर बिल 2022 पेस करत रहस। ऊ कहले कि एह बिल से अपराध के जांच प्रभावी आ तेज गति से हो सकी आ कन्वेक्शन के रेटो बढ़ी।

एही बीचे विपक्षी नेता लो कुछ कमेंट पास कइल। तृणमूल कांग्रेस के नेता संदीप बंदोप्ध्याय कहले कि अमित शाह जब दादा बोलेले तs लागेला खीस में बोलत बाड़े।एकरा जबाब में अमित शाह कहले कि ऊ ‘दादा’ के सवालन के जबाब दिहे। एकरा बाद गृह मंत्री अपना आवाज के लेके सफाई देले।

सदन में जानदार जबाब खातिर जानल जाले अमित शाह

अगस्त 2019 में संसद जम्मू कश्मीर से आर्टिकल 370 हटावे के बिल पास कइले रहे। तब अमित शाह आ कांग्रेस के नेता अधीर रंजन चौधरी के बीचे गरमागरमी हो गइल रहे। चौधरी के कमेंट पs अमित शाह कहले रहस- ‘का क़हत बानी, हम जान दे डेब देस खातिर।’ एकरा बाद शाह संसद में आर्टिकल 370 हटावल गइला के पक्ष में जोरदार भाषण देले रहस।

दिसंबर 2019 में अमित शाह राज्य सभा में नागरिक संशोधन कानून के पक्ष में आपन राय रखले रहस। विपक्ष उनका पs आरोप लगवले रहे कि ऊ CAA के ममिला में संसद के गुमराह करत बाड़े, जेकरा जबाब में ऊ उंच आवाज में कहले रहस कि एमे मिस्लीडिंग का बा? जवन कानून में लिखल बा उहे तs पढ़ के सुनावत बानी।

साभार: भाष्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.