Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भूपेंद्र सिंह चौधरी बनलें यूपी में भाजपा के नया प्रदेश अध्यक्ष

583

भाजपा लोकसभा चुनाव 2024 के एलान करत यूपी भाजपा के अध्यक्ष के घोषणा क देहल गइल बा। वर्तमान सरकार में पंचायती राज मंत्री भूपेंद्र सिंह चौधरी के ई पद देहल गइल बा।

54 वर्षीय भूपेंद्र चौधरी 2016 में पहिला बेर विधान परिषद सदस्य चुनल गइल रहनें। 2017 में प्रदेश में भाजपा के सरकार बनले पर उनके पंचायती राज विभाग के राज्यमंत्री स्वतंत्र प्रभार बनावल गइल रहे।

2019 में मंत्रिमंडल फेरबदल में चौधरी के कैबिनेट मंत्री बनावल गइल। योगी आदित्यनाथ सरकार 2.0 में चौधरी के फेर से कैबिनेट मंत्री बनावत पंचायती राज विभाग के जिम्मेदारी देहल गईल चौधरी हालही में फेर विधान परिषद सदस्य निर्वाचित भइल बानें।

चौधरी के प्रदेश अध्यक्ष बना के भाजपा पश्चिमी उत्तर प्रदेश में जाट वोट बैंक के साधे के कोशिश कइले बिया। पार्टी नेतृत्व के मानल बा कि चौधरी के प्रदेश अध्यक्ष नियुक्त कइलें से लोकसभा चुनाव में सपा अउरी रालोद गठबंधन से संभावित नुकसान कम कइल जा सकेला। उनवें, लगातार दुसरका बेर पिछड़े वर्ग के नेता के प्रदेश अध्यक्ष बनवलें से पश्चिम से पूर्वांचल ले ओबीसी वोट बैंक में अच्छा संदेश जाई।

313440cookie-checkभूपेंद्र सिंह चौधरी बनलें यूपी में भाजपा के नया प्रदेश अध्यक्ष

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.