Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

T Raja Singh Arrested: टी राजा सिंह हिरासत में लिहल गइलें, मंगर के गिरफ्तारी के बाद मिलल रहे जमानत

निलंबित भाजपा विधायक टी राजा सिंह गोशामहल से विधायक बाड़े। हैदराबाद के दबीरपुरा पुलिस थाना में विधायक सिंह के खिलाफ भादंवि के धारा 295(a) आ 153(a) समेत कइयन गो धारा में केस दर्ज कइल गइल रहे।

523

निलंबित भाजपा नेता राजा सिंह के हैदराबाद पुलिस हिरासत में ले लेले बिया। विवादित टिप्पणी के बाद उनकर जोरदार विरोध होत रहे। हैदराबाद पुलिस के मोताबिक, भाजपा के निलंबित नेता टी राजा सिंह के पीडी एक्ट के तहत हिरासत में लिहल गइल बा। उनका खिलाफ दर्ज 101 आपराधिक ममिलन में से ऊ 18 सांप्रदायिक अपराधन में सामिल रहले। मंगलहाट पुलिस उनका पs पीडी के आदेश के अमल में ले आइल। उनका के सेंट्रल जेल, चेरियापल्ली में बंद कइल जा रहल बा।

एकरा पहिले टी राजा सिंह के मंगर के गिरफ्तार कइल गइल रहे।एकरा बाद देर साँझ उनका कोर्ट से जमानत मिल गइल रहे। जमानत के बाद से हैदराबाद में बवाल मच गइल। जमानत के विरोध में उग्र लोग ने जगे-जगे रातभर प्रदर्शन कइल। एह बीचे राजा सिंह के वकील के फोन पs जान से मारे के धमकियो दिहल गइल।

सोमार राते से हैदराबाद में जगे-जगे प्रदर्शन भइल। तब से सिंह के गिरफ्तारी के मांग कइल जात रहे, बाकिर गिरफ्तारी के बाद जमानत मिलला पs मंगर रात के भीड़ ‘गुस्ताखे नबी की एक ही सजा, सिर तन से जुदा’ के नारे लगावल।

निलंबित भाजपा विधायक टी राजा सिंह गोशामहल से विधायक बाड़े। हैदराबाद के दबीरपुरा पुलिस थाना में विधायक सिंह के खिलाफ भादंवि के धारा 295(a) आ 153(a) समेत कइयन गो धारा में केस दर्ज कइले रहे। कोर्ट पहिलही उनका के 14 दिन के न्यायिक हिरासत में भेज देले रहे, बाकिर बाद में आदेश वापस लेत उनका के जमानत दे देलस।

का बा ममिला?

हास्य कलाकार मुनव्वर फारुकी के शो के बाद विधायक सिंह आपत्तिजनक टिप्पणी कइलें रहस, ओकरा के लेके उनका के गिरफ्तार कइल गइल रहे। भारी विरोध के बाद भाजपा विधायक टी राजा सिंह के पार्टी से निलंबित कs देले रहे। सिंह मंगर के वीडियो जारी कs के आपत्तिजनक शब्दन के इस्तेमाल कइले रहस। एकरा बाद ऊ एकरा के मजाक करार देले रहस, बाकिर बड़ संख्या में लोग उनका विरोध में सड़कन पs उतर आइल रहे। सिंह एगो वीडियो जारी कs के मुनव्वर फारुकी पs हिंदुअन के धार्मिक भावना आहत करे के आरोप लगवले रहे। मुनव्वर पिछलके हफ्ता हैदराबाद में एगो कॉमेडी शो कइलें रहलें। सिंह ओह शो के रोके के धमकी देत सेट के आग लगावे के धमकी देले रहस।

313650cookie-checkT Raja Singh Arrested: टी राजा सिंह हिरासत में लिहल गइलें, मंगर के गिरफ्तारी के बाद मिलल रहे जमानत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.