Bhojpuri Award: पवन सिंह से निरहुआ ले एह भोजपुरी स्टार्स के उदित नारायण से मिलल अवॉर्ड

भोजपुरी फिल्म अवॉर्ड 2024

Share

भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के सबसे बड़ अवार्ड इवेंट में से एगो ‘भोजपुरिया फिल्म अवार्ड 2024’ के 19वां संस्करण हो गइल बा. हर साल होखे वाला एह अवार्ड शो के शुरुआत श्री विनोद कुमार गुप्ता कइले रहले जे एकर संस्थापक आ अध्यक्ष हउवें. 19वां भोजपुरी फिल्म अवार्ड समारोह मुंबई के अथर्व ऑडिटोरियम में भइल.  एह आयोजन में मनोरंजन, संस्कृति आ सिनेमा के अद्भुत संगम देखल गइल. पवन सिंह से लेके निरहुआ ले कई गो भोजपुरी कलाकार, अभिनेत्री आ गायक के उदित नारायण द्वारा सम्मानित कइल गइल।

भोजपुरी फिल्म अवार्ड 2024 के विजेता

2024 के 19वां भोजपुरी फिल्म अवार्ड के विजेता लोग के सूची आ गइल बा. एह साल सर्वश्रेष्ठ फिल्म के खिताब माई: प्राइड ऑफ भोजपुरी’ के दिहल गइल. एकरा संगे सर्वश्रेष्ठ गायक (पुरुष) के खिताब दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ (जान लेबू) के दिहल गईल बा अवुरी सर्वश्रेष्ठ गायिका (महिला) के खिताब प्रियंका सिंह (माई प्राइड ऑफ भोजपुरी) के दिहल गईल बा।  सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के खिताब पवन सिंह (बेवफा सनम) आ सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के खिताब अंजना सिंह (सिंह साहब द राइजिंग) के मिलल. यश कुमार के लोकप्रिय अभिनेता खातिर सम्मानित कइल गइल.  जबकि बेस्ट पॉपुलर एक्ट्रेस के खिताब काजल यादव के दिहल गइल.

एह भोजपुरी स्टार्स मरले बाजी
बेस्ट निर्देशक: राजकुमार आर. पांडेय (इश्क)

बेस्ट संवाद लेखक: रजनीश मिश्रा (विवाह 3)
बेस्ट सहायक अभिनेता: अवधेश मिश्रा (विवाह 3)
बेस्ट सहायक अभिनेत्री: निशा तिवारी (दाग एगो लांचन)
बेस्ट नकारात्मक भूमिका: जे. नीलम (सेनूर)
बेस्ट कहानी: अरविंद तिवारी (देवरानी जेठानी 01)
बेस्ट एक्शन निर्देशक: दिनेश यादव (मिलिए ना मिला रे मन का)
बेस्ट कोरियोग्राफर: संजय कोर्वे (जान लेबू का)

लाइफटाइम अचीवमेंट अवॉर्ड

अरशद अशफाक खान, प्रदीप सिंह, रितेश पांडे, अजय गुप्ता, विधायक विनय बिहारी, मनोज कुमार को (बिलीव म्यूजिक इंडिया), ‘सेनूर’ आ ‘एक दिन की सास’ जईसन मूवीज के सामाजिक मुद्दन पs बनल बेस्ट फिल्म के कैटेगरी में विशेष सम्मान  दिहल गईल।  बता दीं कि एह समारोह के शुरुआत साल 2005 में भोजपुरी फिल्म अवार्ड के माध्यम से भइल रहे.
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-