[the_ad_group id="30365"]

Vijay Khare: भोजपुरी सिनेमा के मशहूर खलनायक विजय खरे के निधन, 72 साल के उमिर में बेंगलुरू में लेलें अंतिम सांस

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर खलनायक विजय खरे के निधन
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Vijay Khare: भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के चर्चित खलनायक आ अपना अभिनय से दर्शकन के मन पs अमिट छाप छोड़े वाला विजय खरे के निधन हो गइल बा। किडनी रोग से परेसान विजय खरे 72 साल के उमिर में बेंगलुरू में अंतिम सांस लेलें। कइयन दिन से बेमार विजय खरे के बेंगलुरु के कावेरी अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। उहां उनकर हालत में इस्थिरता बनल रहे। बाकिर, आज सबेरे चार बजे अचानक उनकर तबियत बिगड़ल आ उनकर निधन हो गइल।

बहुत समय से डायलिसिस पs रहलें विजय खरे

गौर करे वाला बात बा कि ऊ फिल्मन में खलनायक के भूमिका निभावे खातिर खुबे प्रसिद्द रहस। विजय खरे के मशहुर फिल्मन में 1983 के फिल्म गंगा किनारे मोरा गांव सामिल बा। ऊ 300 से जादे फिल्मन में काम कइलें। पार्किंसन नामक बीमारी से ग्रसित विजय खरे बहुत समय से डायलिसिस पs रहस। उनकर लमहर समय से इलाज जारी रहे। ऊ बिहार के गब्बर सिंह के नाम से बहुते मशहुर रहस।

एह कृष्ण भजन के एक बेर जरुर सुनीं: Bhor Bhail Mohan|भोर भइल मोहन| @theshalinidubey |folk | Krishna Bhajan | Yayawari Via Bhojpuri|

विजय अपना पीछे तीन गो बेटा आ पत्नी के छोड़ गइल बाड़ें। उनकर बड़ बेटा संतोष खरे नोएडा के एगो बड़ मल्टीनेशनल कंपनी में जनरल मैनेजर के पद पs कार्यरत बाड़ें। उनकर माझिल बेटा अशुतोष खरे फिलिम अभिनेता हवे और 50 से जादे फिल्मन में अभिनय कs चुकल बाड़ें। ऊ अभिनेता, निर्देशक आ निर्माता के रूप में विजय खरे के परंपरा के आगे बढ़ा रहल बाड़ें। उनकर छोट बेटा परितोष खरे बेंगलुरु के मल्टीनेशनल कंपनी में एगो उच्च पद पs कार्यरत बाड़ें। विजय खरे भोजपुरी फिल्मन के एगो अइसन मुकाम देलें, जहां आज के कलाकार उनका राह पs चलत एकरा के आउर ऊंचाई पs ले जा रहल बा लो। उनकर जोगदान हमेसा इयाद कइल जाई।

लाइफ टाइम अचीवमेंट अवार्ड से रहलें सम्मानित

विजय खरे बिहार के मुजफ्फरपुर जिला के मालीघाट के रहे वाला रहस। ऊ अभिनय स्कूल, विजय खरे अकादमी के स्थापना कइले रहस। ऊ नया पीढ़ी के एक्टिंग में मवका देवे आ सिखावे खातिर जानल जात रहलें। महशूर अभिनेता विजय नरायजादा (1976), गंगा किनारे मोरा गांव (1983) आ हमरा से बियाह करबा (2003) जइसन फिल्मन में अपना यादगार अभिनय से विशेष छाप छोड़लें। फिल्म इंडस्ट्री में उनकर महत्वपूर्ण जोगदान खातिर 2019 में लाइफटाइम अचीवमेंट अवार्ड से सम्मानित कइल गइल।

इहो पढ़ीं: अरविंद केजरीवाल नई दिल्ली, CM आतिशी कालकाजी से लडिहें चुनाव; AAP के 38 उम्मीदवारन के लिस्ट जारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]