[the_ad_group id="30365"]

फुटबॉल : देवरिया के हरा बरहज बनल विजेता; ग्रामीण क्षेत्र के नवहन में प्रतिभा के कवनो कमी नइखे, खाली अवसर के बा जरूरत – अजीत सिंह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज (देवरिया)/ अखिलेश कुमार सिंह : बरहज के श्रीअनंत इंटरमीडिएट कालेज के मैदान में फाइनल मुकाबला टाऊन क्लब बरहज आ देवरिया स्टेडियम बीच खेलल गइल। जेकर मुख्य अतिथि अजीत सिंह उर्फ छोटू खिलाड़ियन से परिचय प्राप्त कs के खेल के शुभारंभ कइलें।

दुनो टीमन के बीच सानदार खेल देखे के मिलल। जेमे पहिला हाफ के 15वां मिनट में प्रतीक मद्धेशिया गोल कs के अपना टीम के बढ़त दिला देलें। दूसरका हाफ में कवनो गोल ना भइल आ बरहज के टीम एक गोल से विजेता रहल।मैन ऑफ द सीरीज आदित्य यादव आ मैन ऑफ द मैच प्रतीक मद्धेशिया के मिलल।

मैच सुरू होखे से पहिले आदित्य तिवारी आ रामदुलारे यादव मैच देखे आइल दर्शकन के खूब मनोरंजन कइल लो। मैच के आयोजक मकसूद आलम, विजय यादव, कमेंटेटर सियाराम भूपेंद्र आ गोरखनाथ यादव रहल लो।

एह मैच में संदीप सिंह, सूर्यप्रकाश मिश्रा, अनन्त विक्रम सिंह, राघवेंद्र चौधरी, यसपाल सिंह, विवेक सिंह, राकेश गिरी, धीरज यादव, विरंजन यादव, मुकेश यादव, सन्तोष यादव, जितेंद्र अग्रहरि, उज्जवल श्रीवास्तव, प्रताप कुमार, सरोज कुमार, प्रिंस जयसवाल, मुलायम, अनुज कुमार, मोनू, धर्मेंद्र उपाध्याय आदि लोग खिलाड़ियन के उत्साहवर्धन कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]