[the_ad_group id="30365"]

India vs Syria: सीरिया से आखिरी ग्रुप मैच खेली भारत, जानीं कइसे देख सकेंनी Live मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत एएफसी एशियन कप में आपन हार के सिलसिला खतम करे के कोशिश करी जब मंगल 23 जनवरी के ग्रुप स्टेज के तिसरका आ आखिरी मैच में सीरिया से मुकाबला करी। एएफसी एशियन कप में भारतीय फुटबाल टीम आपन पहिला मैच आस्ट्रेलिया के खिलाफ खेललस। जहाँ ओकरा 0-2 से हार के सामना करे के पड़ल। अगिला खेल में भी उनुका हार के सामना करे के पड़ी। ओह मैच में उज्बेकिस्तान ब्लू टाइगर्स के 3-0 से हरा दिहलस आ ऊ ग्रुप बी में सबले नीचे आ गइल। भारत अब वापसी करे के कोशिश करी काहे कि ओकरा उमेद बा कि अगिला मैच में सीरिया के हरा दी। मंगल के दिने कतर के अल बेयट स्टेडियम में भारत आ सीरिया के मुकाबला होखी।

एएफसी एशियन कप के ग्रुप बी रैंकिंग में सीरिया एह घरी भारत से एक अंक ऊपर बा। टूर्नामेंट के पहिला मैच में सीरिया उज्बेकिस्तान के साथे गोलरहित बराबरी पs रहल बाकिर अगिला मैच में ऊ आस्ट्रेलिया से 0-1 से हार गइल। सीरिया के नजर एह टूर्नामेंट में पहिला जीत पs भी रहल। अइसना में एह मैच से जुड़ल सगरी जानकारी के बारे में बतावल जाव।

•भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप के मैच कहाँ होई?

भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप मैच कतर के अल बेयट स्टेडियम में खेलल जाई।

•भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप के मैच कवना समय से शुरू होई?

भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप के मैच साँझ पाँच बजे से शुरू होखी।

• कवन टीवी चैनल भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप के मैच देख पाईब?

भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप के मैच के लाइव प्रसारण भारत में स्पोर्ट्स 18 नेटवर्क पs कइल जाई।

•भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप के मैच के लाइव स्ट्रीमिंग कहाँ देख सकेनी?

भारत बनाम सीरिया एएफसी एशियन कप के मैच के लाइव स्ट्रीमिंग भारत में जियोसिनेमा ऐप आ वेबसाइट पs कइल जाई।

दुनु टीम के संभावित स्टार्टिंग लाइन-अप?

भारत के संभावित लाइन-अप: गुरप्रीत सिंह संधू, सुभाशीष बोस, संदेश झिंगन, राहुल भेके, निखिल पुजारी, अनिरुद्ध थापा, लालेंगमाविया राल्ते, सुरेश सिंह वांगजम, लालियानजुआला चांगटे, मनवीर सिंह, सुनील छेत्री

सीरिया संभावित लाइन-अप: अहमद मदनिया, अब्दुल रहमान वीस, एहम औसौ, थेर क्राउमा, मोयाद अजान, महमूद अल असवद, जलील एलियास, एज़ेकिएल हाम, अम्मार रमजान, उमर ख्रीबिन, इब्राहिम हेसर

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]