[the_ad_group id="30365"]

फुटबॉल: पेनाल्टी शूटआउट में मऊ के हराके फाइनल में पहुंचल देवरिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज क्षेत्र के श्रीअनन्त इंटरमीडिएट कॉलेज सतरांव में चल रहल फुटबॉल प्रतियोगिता के पहिला सेमीफाइनल मुकाबला में मऊ के हराके देवरिया फाइनल में पहुंच गइल।

देवरिया स्टेडियम आ मोहम्मदिया स्पोर्टिंग क्लब मऊ के बीच खेलल गइल एह मैच में सईयन के संख्या में लोग खिलाडियन के हौंसला बढ़ावल। मैच के पहले आ दूसरका हाफ में कवनो गोल ना होखला के कारण जीत के निर्णय पेनाल्टी शूटआउट से कइल गइल। जेमे देवरिया चार गोल से मऊ के पराजित कइलस।

मुख्य अतिथि विजय शंकर रजक कहलें कि मुख्य अतिथि विजय शंकर रजक कहलें कि स्वस्थ देह में स्वस्थ मस्तिष्क के निवास संभव बा आ देह के स्वस्थ आउर मजबूत बनावे खातिर खेल अनिवार्य बा। मनोवैज्ञानिकन के मत बा कि मनुष्य के खेलन में रुचि स्वाभाविक बा। एही कारण लईकन के खेलन में जादे रुचि लेहल जरूरी बा।

जिला स्तरीय फुटबॉल प्रतियोगिता के आयोजक मकसूद आलम, वरिष्ठ खिलाड़ी विजय यादव, कमेंटेटर भूपेंद्र यादव आ मिंटू ,मैच रेफरी लक्ष्मण गुप्ता रहल लो। एह मैच में सतीश चंद्र सर्ग, सूर्यप्रकाश मिश्रा, प्रभात यादव, सरोज कुमार, संतोष यादव, जितेंद्र अग्रहरि, उज्जवल श्रीवास्तव, धर्मेन्द्र उपाध्याय, जितेंद्र, अनुज कुमार, आनंद वर्मा, मुकेश यादव, धीरज कुमार, रणविजय आदि लोग खिलाड़ियन के  उत्साहवर्धन कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]