Muzaffarpur News :  चिराग पासवान के पार्टी के विधायक अमित रानू के घर छापा, 3 DSP सहित भारी पुलिस बल पहुंचल

By Shweta Supriya

Published on: Aug 23, 2026

मुजफ्फरपुर। बिहार के मुजफ्फरपुर में केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान के पार्टी से सीतामढ़ी के बेलसंड विधायक अमित कुमार रानू के निजी आवास पs पुलिस अतवार के तड़के छापेमारी कइलस। जमीन विवाद आ तोड़फोड़ के ममिला

Share

Muzaffarpur MLA Amit Ranu House Raid

मुजफ्फरपुर। बिहार के मुजफ्फरपुर में केंद्रीय मंत्री चिराग पासवान के पार्टी से सीतामढ़ी के बेलसंड विधायक अमित कुमार रानू के निजी आवास पs पुलिस अतवार के तड़के छापेमारी कइलस। जमीन विवाद आ तोड़फोड़ के ममिला में विधायक के भाई सोनू सिंह पs गंभीर आरोप लागल बा। पुलिस चार घंटा से जादे समय तक घर में तलाशी लेलस।

छापेमारी के दौरान पुलिस के कइयन गो स्टांप पेपर, जमीन से जुड़ल कागजात आ कंस्ट्रक्शन कंपनी से संबंधित दस्तावेज मिलल, जवना के जब्त कs लिहल गइल बा।

3 DSP के नेतृत्व में भइल छापेमारी

एसएसपी कांतेश मिश्रा के मोताबिक, पूरा कार्रवाई जमीन विवाद से जुड़ल बा। 20 अगस्त के अहियापुर थाना क्षेत्र में जमीन के बाउंड्री आ निर्माणाधीन मकान में तोड़फोड़ के घटना सामने आइल रहे।

पुलिस के जांच में विधायक के भाई सोनू सिंह के संलिप्तता के बात सामने आइल बा। विधायक अमित रानू के भूमिका के जांच कइल जा रहल बा।

एसएसपी के अनुसार, 21 अगस्त के शिकायत दर्ज भइला के बाद आउर 12 गो ममिला सामने आइल। पुलिस के पहुंचे से पहिले सोनू सिंह घर से निकल गइल रहलें। फिलहाल पुलिस उनकर तलाश कs रहल बिया।

बैंक खातन आ संपत्ति के हो रहल बा जांच

पुलिस विधायक, उनकर भाई आ ग्रुप में नामजद आ अज्ञात आरोपियन के बैंक अकाउंट आ लेनदेन के जांच कs रहल बिया। पुलिस संपत्ति के आकलन कराके आगे के कार्रवाई के प्रस्ताव तइयार कs रहल बिया।

ममिला में आर्थिक अपराध इकाई के जानकारी देवे के बात कहल गइल बा। जरूरत पड़ला पs आर्थिक अपराध इकाई के टीम जांच में सामिल हो सकेले।

जमीन पs कब्जा खातिर तोड़फोड़ के आरोप

आरोप बा कि 20 अगस्त के सोनू सिंह अपना समर्थकन के संगे अहियापुर के बैरिया इलाका में निर्माणाधीन मकान आ बाउंड्री में जेसीबी से तोड़फोड़ करववलें। विरोध कइला पs पीड़ित पक्ष के संगे दुर्व्यवहार आ मारपीट के आरोप लगावल गइल बा।

पीड़ितन के बयान पs अहियापुर थाना में ममिला दर्ज भइल। जांच के दौरान पुलिस दूगो प्रॉपर्टी डीलर के गिरफ्तार कs के जेल भेज चुकल बिया। पूछताछ में दुनो से विधायक आ उनकर भाई के कथित संलिप्तता के जानकारी मिलला के बात पुलिस कहले बिया।

कोर्ट से सर्च वारंट लेके पहुंचल पुलिस

एसएसपी कांतेश मिश्रा के माेताबिक, जांच में मिलल साक्ष्य के आधार पs पुलिस सनिचर के कोर्ट से सर्च वारंट लेलस। एकरा बाद अतवार के तीन एसडीपीओ के नेतृत्व में भारी पुलिस बल विधायक के निजी आवास पs पहुंचल। तलाशी के दौरान पुलिस के एगो हस्ताक्षर कइल स्टांप पेपर मिलल, जवन सुरुआती तौर पs संदिग्ध आ फर्जी लाग रहल बा। पुलिस एकर जांच कs रहल बिया।

20 अगस्त के दर्ज भइल रहे ममिला

जानकारी के मोताबिक, अहियापुर थाना क्षेत्र के झपहां डीह में करीब 50 लोग रहेला आ कुछ मकान निर्माणाधीन बा। आरोप बा कि हथियारबंद लोग जमीन पs पहुंचके गेट के ताला तुड़ल आ जेसीबी से चहारदीवारी गिरा दिहल।

जमीन मालिक प्रह्लाद कुमार 20 अगस्त के थाना में शिकायत देले रहलें। शिकायत में आरोप लगावल गइल कि सुमित श्रीवास्तव कइयन गो लोगन के संगे जेसीबी, थार आ मोटरसाइकिल से पहुंचल रहलें। गाड़ी पs लोजपा (रामविलास) प्रधान महासचिव के बोर्ड लागल रहे।

शिकायत के मोताबिक, जमीन पs तोड़फोड़ के विरोध कइला आ मोबाइल से वीडियो बनावे के कोसिस कइला पs मोबाइल छीनके तुड़ दिहल गइल। संगही मारपीट आ सोना के चेन छीने के आरोपो लगावल गइल बा।

फिलहाल पुलिस पूरा ममिला के अलग-अलग पहलू से जांच कs रहल बिया। विधायक आ उनकर भाई के भूमिका के संबंध में अंतिम इस्थिति जांच पूरा भइला के बाद स्पष्ट होई।

Read Also: Gorakhpur : सांसद रवि किशन आ कैंपियरगंज विधायक फतेह बहादुर सिंह के सुरक्षा बढ़ल, अब मिली बुलेटप्रूफ जैकेट

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.