Oman Road Accident : ओमान में भारतीयन से भरल गाड़ी पलटल, एक के मौत, 9 लोग घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 23, 2026

ओमान। खाड़ी देस ओमान में भारतीय नागरिकन से जुड़ल एगो दर्दनाक सड़क हादसा सामने आइल बा। सुल्तान सईद बिन तैमूर स्ट्रीट पs भारतीयन के लेके जा रहल गाड़ी अनियंत्रित होके सड़क से नीचे उतर गइल

Share

Oman Road Accident Indian Nationals

ओमान। खाड़ी देस ओमान में भारतीय नागरिकन से जुड़ल एगो दर्दनाक सड़क हादसा सामने आइल बा। सुल्तान सईद बिन तैमूर स्ट्रीट पs भारतीयन के लेके जा रहल गाड़ी अनियंत्रित होके सड़क से नीचे उतर गइल आ दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। हादसा में एगो भारतीय नागरिक के मौत हो गइल, जबकि 9 लोग घायल बतावल जा रहल बा।

गाड़ी खराब होखला के बाद भइल हादसा

स्थानीय पुलिस के माेताबिक, गाड़ी में कुछ तकनीकी खराबी आ गइल रहे। एह वजह से चालक वाहन पs नियंत्रण ना रख सकलस आ गाड़ी सड़क से नीचे उतर गइल। दुर्घटना के बाद घटनास्थल पs अफरातफरी मच गइल। घायल लोगन के तत्काल अस्पताल पहुंचावे के इंतजाम कइल गइल। रॉयल ओमान पुलिस के एयर विंग राहत अभियान में सामिल रहल।

9 भारतीय घायल

पुलिस के मोताबिक, हादसा में भारतीय मूल के नव लोग घायल भइल बाड़। घायल लोगन के एंबुलेंस से निजवा अस्पताल पहुंचावल गइल, जहां सब केहू के इलाज चल रहल बा। दुनो गंभीर रूप से घायल लोगन के एयर विंग के मदद से अल हेमा गवर्नरेट से निजवा अस्पताल पहुंचावे के अभियान चलावल गइल।

खराब मौसम के बीच हादसा

हादसा के कारण के बारे में पुलिस के ओर से विस्तृत जानकारी अभी सामने नइखे आइल। हालांकि, स्थानीय रिपोर्ट में ओमान के हाईवे पs आंधी-तूफान, भारी बारिश आ उड़त धूल के कारण कम विजिबिलिटी के चेतावनी के जिकिर कइल गइल बा।

फिलहाल पुलिस पूरा घटना के जांच करत बिया आ हादसा के सही वजह पता लगावे के कोसिस जारी बा। घटना के जानकारी सामने अइला के बाद भारतीय समुदाय में चिंता के माहौल बा।

Read Also: Maharashtra Tragedy : मां के आखिरी वीडियो में रिश्ता पs संदेश, एक दिन बाद बेटा के संगे दर्दनाक हादसा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.