बहराइच में शुरू भइल इंटरनेट सेवा, महाराजगंज में 10 प्रतिशत दुकान खुलल

Share

बहराइच जिला के महसी तहसील इलाका के महाराजगंज कस्बा में एतवार के दिने दुर्गा मूर्ति के विसर्जन का दौरान दू गो दल के बीच विवाद के बाद हालात काफी तनावपूर्ण हो गइल रहे। एह घटना में एगो युवको के गोली मार के हत्या कऽ दिहल गइल। एकरा संगे-संगे तीन युवक घायल हो चुकल बाड़े।

पछिला चार दिन से ए घटना के बाद कर्फ्यू के घोषणा जइसन माहौल रहे अउरी पूरा जिला में इंटरनेट सेवा बंद हो गइल। हालांकि अब हालात सामान्य हो रहल बा। बियफे के प्रभावित इलाका महाराजगंज में दोकान खुलल रहे आ अधिकांश दोकान बंद रहे। इहाँ के बैंक खोलल गइल। एकरा चलते इलाका के माहौल धीरे-धीरे शांतिपूर्ण हो रहल बा।

उम्मीद बा कि कुछ दिन में माहौल पूरा तरीका से सामान्य हो जाई। इहाँ पुलिस बल के ओर से अबहियों कड़ा सुरक्षा बा। अधिकारी लगातार डेरा डालत बाड़े। लगातार डीएम आ एसपी के ओर से घूमे-फिरे के काम होखता बाकिर पुलिस के ओर से लोग के छूट दिहल गइल बा आ केहु के बेवजह परेशानी नइखे होखत। बुध के देर रात जिला में इंटरनेट सेवा खुलल बा, जवना से जनता के बहुत राहत मिलल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-