वाटर स्पोर्ट्स के हब बनी रामगढ़ताल, रोइंग चैंपियनशिप में भिंडिहें सs 20 राज्यन के टीम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 21, 2024

दशकन तक उपेक्षित रहल गोरखपुर के रामगढ़ताल योगी सरकार के ओर से कइल गइल कायाकल्प के बाद वाटर स्पोर्ट्स के हब बने लागल बा। पिछिला साल खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के तहत रोइंग के राष्ट्रीय

Share

रोइंग प्रतियोगिता( फाइल फोटो) - फोटो : संवाद न्यूज एजेंसी

दशकन तक उपेक्षित रहल गोरखपुर के रामगढ़ताल योगी सरकार के ओर से कइल गइल कायाकल्प के बाद वाटर स्पोर्ट्स के हब बने लागल बा। पिछिला साल खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के तहत रोइंग के राष्ट्रीय प्रतियोगिता के सफल मेजबानी कइला ने के बाद इहां सब जूनियर नेशनल रोइंग चैंपियनशिप होखे जा रहल बा।

22 से 26 अक्टूबर तक होखे वाली एह चैंपियनशिप में रेस कोर्स के उद्घाटन 22 अक्टूबर के होई जबकि खिलाड़ियन के बीच प्रतिस्पर्धा के सुभारंभ 23 अक्टूबर के खेल मंत्री गिरीश चंद्र यादव के उपस्थिति में होई। 26 अक्टूबर के चैंपियनशिप के समापन अवसर पs मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सानिध्य प्राप्त होई।

रोइंग प्रतियोगिता( फाइल फोटो) - फोटो : संवाद न्यूज एजेंसी
रोइंग प्रतियोगिता( फाइल फोटो) – फोटो : संवाद न्यूज एजेंसी

सब जूनियर नेशनल रोइंग चैंपियनशिप में 20 राज्यन के प्रतिभाग कs रहल बाड़ी सs। एमे कुल 243 खिलाड़ी सामिल होई लो। एह खिलाड़ियन के संगे 43 कोच बा लो। खिलाड़ियन, कोच, सपोर्टिंग स्टाफ, निर्णायकन आ अतिथियन खातिर शहर के होटलन आ वाटर स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स में 106 कमरा रिजर्व कइल गइल बा।

रामगढ़ताल में आयोजित होई रोइंग के राष्ट्रीय प्रतियोगिता
रामगढ़ताल में आयोजित होई रोइंग के राष्ट्रीय प्रतियोगिता

 

प्रतियोगिता के लेके रामगढ़ताल में लेन कोर्स तइयार कs लिहल गइल बा। उल्लेख करे जोग बा कि वाटर स्पोर्ट्स के गतिविधियन के बढ़ाने खातिर योगी सरकार रामगढ़ताल के लगे विश्व स्तरीय वाटर स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स के निर्माण करवले बिया। पिछिला बरिस मई महीना में भइल खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के रोइंग प्रतियोगिता के बाद जर्मनी से 20 रोइंग बोट्स मंगाके इहां प्रशिक्षण के कार्य पहिलही से जारी बा।

अब सब जूनियर नेशनल रोइंग चैंपियनशिप के मेजबानी के बाद वाटर स्पोर्ट्स के संभावना आउर परवान चढ़ी। खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स रोइंग प्रतियोगिता वाटर स्पोर्ट्स खातिर रामगढ़ताल के उपयोगिता के पहिलही सिद्ध कs देले बा।

देस भर के अलग-अलग राज्यन के विश्वविद्यालयन से आइल खिलाड़ी, ओह लोगन के कोच आ रोइंग फेडरेशन ऑफ इंडिया के पदाधिकारियो हैरत में रहे लो कि वाटर स्पोर्ट्स खातिर समूचा उत्तर भारत खातिर महत्वपूर्ण ई वेन्यू लाइमलाइट में ना रहे। सब केहू मानल कि इहां राष्ट्रीय-अंतरराष्ट्रीय प्रतियोगिता आसमान छू सकत बा।

यूपी रोइंग एसोसिएशन के सचिव सुधीर शर्मा के कहनाम बा कि गोरखपुर के रामगढ़ताल में रोइंग के दूसरका बेर राष्ट्रीय प्रतियोगिता होखला से जलक्रीड़ा खिलाड़ियन के सपना साकार हो रहल बा।

रोइंग प्रतियोगिता( फाइल फोटो) - फोटो : अमर उजाला
रोइंग प्रतियोगिता( फाइल फोटो) – फोटो : अमर उजाला

 

अंतर विश्वविद्यालय के बाद सब जूनियर नेशनल रोइंग चैंपियनशिप से अंतरराष्ट्रीय स्पर्धन के रस्तो खुली। शर्मा के मोताबिक मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ रामगढ़ताल के अइसन कायाकल्प करवले बाड़ें कि आवे वाला समय मे ई वाटर स्पोर्ट्स के बेस्ट डेस्टिनेशन बनी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.