बदहाल बा गोरखपुर रेलवे स्टेशन के रिटायरिंग रूम

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2022

रेलवे प्रशासन अउर इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कारपोरेशन (आइआरसीटीसी) के उदासीनता कहल जाए या संबंधित लोगन के स्टेशन के सामने स्थित होटल संचालकन से मिली भगत। प्रक्रिया शुरू होखले तीन साल हो गइल, लेकिन

Share

रेलवे प्रशासन अउर इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कारपोरेशन (आइआरसीटीसी) के उदासीनता कहल जाए या संबंधित लोगन के स्टेशन के सामने स्थित होटल संचालकन से मिली भगत। प्रक्रिया शुरू होखले तीन साल हो गइल, लेकिन पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्यालय स्टेशन गोरखपुर के रिटायरिंग रूम के आजतक नवनिर्माण पूरा नाइ हो पवले बा। 13 रूम आजो बदहाल बा। काम ठप बा। वातानुकूलित सिर्फ दू रूम अउर पुरुषन के 25 अउर महिला लोग के छह सहित कुल 31 डारमेट्री बुक हो पा रहल बा। अइसन में बाहर से आवे वाले यात्रियन के स्टेशन के बाहर होटल में रुके के पड़ रहल बा। यात्रियन के परेशानी त बढ़ले बा, रेलवे के कमाई भी कम हो गइल बा।

होटल के तरे होखे के बा रिटायरिंग रूम के कायाकल्प:

रेलवे बोर्ड के निर्देश पर आइआरसीटीस रिटायरिंग रूम के थ्री स्टार होटल के तर्ज पर विकसित कइले के योजना तैयार कइले बा। ताकि, लोग को स्टेशन परिसर से बाहर न जाए के पड़े। स्टेशन पर ही सब सुविधा मिल जाए। लेकिन विश्वस्तरीय रेलवे स्टेशन पर ही ई योजना परवान चढ़ले से पहिलही धराशायी होत नजर आ रहल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.