[the_ad_group id="30365"]

सीडीएस बिपिन रावत के नाम पर होई मिलिट्री स्टेशन अउरी सड़क, सम्मान में बदलल गइल नाम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय सेना के पहिले चीफ ऑफ डिफेंस स्टाफ दिवंगत जनरल बिपिन रावत के शनिचर के सम्मान दिहल गइल। अरुणाचल प्रदेश के किबिथू में एगो सैन्य स्टेशन अउर सड़क के उनकर नाम दिहल गइल। चीन के साथ वास्तविक नियंत्रण रेखा (एलएसी) पर लागल लोहित घाटी पर स्थित सैन्य स्टेशन अब जनरल बिपिन रावत के नाम से जानल जाई। एकरे अलावा एह पहाड़ी गांव के एगो प्रमुख सड़क के भी ओनही के नाम दिहल गइल बा।

बता देईं, सीडीएस जनरल बिपिन रावत के दिसंबर, 2021 में एगो हेलीकॉप्टर हादसे में निधन हो गइल रहल। कर्नल के रूप में रावत किबिथू में 1999 से 2000 तक बटालियन 5/11 गोरखा राइफल्स के कमान सम्हरले रहलें।

22 किलोमीटर लमहर बा सड़क

शनिचर के एगो समारोह में अरुणाचल प्रदेश के राज्यपाल ब्रिगेडियर बीडी मिश्रा, मुख्यमंत्री पेमा खांडू, पूर्वी सेना के कमांडर लेफ्टिनेंट जनरल राणा प्रताप कलिता 22 किलोमीटर लमहर सड़क के नाम जनरल बिपिन रावत के नाम पs रखलें। ई सड़क वालोंग से किबिथू के जोड़े ले। कार्यक्रम में जनरल रावत के बेटी कृतिका अउर तारिणी के अलावा कई वरिष्ठ अधिकारी भी शामिल रहलें। उहवें किबिथु सैन्य शिविर के नाम बदल के जनरल बिपिन रावत मिलिट्री गैरीसन कs देहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]