भारतीय क्रिकेटर Ishan Kishan के पिता राजनीति में डेब्यू करे खातिर तइयार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 27, 2024

दुनिया भर में कई गो क्रिकेटर अइसन बाड़े जे क्रिकेट में चमकला के बाद राजनीति में मजबूत पारी खेलले। एमें कुछ क्रिकेटर अइसनो रहलें जिनकर परिवार के राजनीति से संबंध रहे बाकिर ऊ लोग क्रिकेट

Share

दुनिया भर में कई गो क्रिकेटर अइसन बाड़े जे क्रिकेट में चमकला के बाद राजनीति में मजबूत पारी खेलले। एमें कुछ क्रिकेटर अइसनो रहलें जिनकर परिवार के राजनीति से संबंध रहे बाकिर ऊ लोग क्रिकेट में आपन सपना पूरा करे के ठान लिहले रहले।

फिलहाल भारतीय क्रिकेट टीम के ओपनिंग बल्लेबाज इशान किशन के पिता प्रणव पांडेय (प्रणव पांडेय जदयू) खूब सुर्खी बन रहल बाड़े।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक इशान किशन के पिता, जेकरा के लोकप्रिय रूप से चुन्नू के नाम से जानल जाला। उऽ आज राजनीति में डेब्यू करे जा रहल बाड़े। अगिला साल बिहार में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा जवना से पहिले ईशान किशन के पिता प्रणव कुमार पांडेय आज बिहार के सत्ताधारी जदयू में शामिल होखे जा रहल बाड़े।

Ishan Kishan के पिता प्रणव पांडे JDU में होइहें शामिल

असल में 13 नवंबर के बिहार में चार विधानसभा सीट प मतदान होखे वाला बा। अगिला साल बिहार में विधानसभा चुनाव होखे वाला बा। एकरा से पहिले इशान किशन के पिता प्रणव कुमार पाण्डेय जदयू कार्यालय में दुपहरिया तीन बजे आयोजित बइठक में जनता दल यूनाइटेड के सदस्यता लेत देखाई दिही।

के हऽ प्रणव पांडे? (Who is Pranav Pandey)

प्रणव पाण्डेय भारतीय क्रिकेटर ईशान किशन के पिता हउवें। उऽ पेशा से बिल्डर हउवें। उऽ अपना परिवार के संगे बिहार में रहेले, जहां उऽ मेडकिल स्टोर चलावेले। प्रणव पाण्डेय ब्राह्मण परिवार के हउवें। अटकल लगावल जा रहल बा कि होखे वाला राज्य चुनाव में बिहार के सीएम नीतीश कुमार नवादा भा ओबरा विधानसभा सीट से प्रणब पांडे के खड़ा कर सकेलें।

बता दीं कि प्रणव पाण्डेय के माई सावित्री शर्मा नवादा के सिविल सर्जन के साथे-साथे एगो मशहूर महिला डाक्टर हई। प्रणव कुमार के पिता रामुग्रह सिंह गोरडीहा में रह के खेती करेले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.