Poll Campaign: महाराष्ट्र में भाजपा के प्रचार खातिर मोदी-शाह-योगी के 43 रैली, गडकरी-फडणवीस लगाई लो जोर

Share

Poll Campaign: महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव में राजनीतिक माहौल अपना पक्ष में करे खातिर भाजपा कमर कस लेले बिया। पार्टी चुनाव प्रचार के पूरा रूपरेखा तइयार कs के कइयन गो बड़े चेहरन के मैदान में उतारे के फैसला कइले बिया। जानकारी के मोताबिक, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आठ, केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह 20 आ यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ महाराष्ट्र में 15 जनसभा कs के भाजपा के पक्ष में माहौल तइयार करी लो।

प्रधानमंत्री मोदी पश्चिम महाराष्ट्र, विदर्भ, मुंबई-कोंकण, उत्तरी महाराष्ट्र आ मराठवाड़ा में कुल आठ रैलियन के संबोधित करिहें। महाराष्ट्र में सबसे जादे चुनावी जनसभा आयोजित करे के जिम्मेदारी देवेन्द्र फडणवीस, नितिन गडकरी आ चंद्रशेखर बावनकुले के कांह पs होई। एकरा अलावे पार्टी आउर सब नेता लोगन के चुनावी मैदान में उतारे के फैसला कइले बिया।

महाराष्ट्र के चुनावी रण में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कुल 15 जनसभा के संबोधित करिहें। केंद्रीय मंत्री अमित शाह 20, नितिन गडकरी 40, देवेंद्र फडणवीस 50, चन्द्रशेखर बावनकुले 40 रैली करी लो। राजनीतिक दृष्टि से महाराष्ट्र कवनो राजनीतिक दल खातिर अहम राज्य बा। एह बात के पूरा संभावना बा कि भाजपा प्रदेश में जीत दर्ज करे खातिर आपन पूरा ताकत झोंक दी। महाराष्ट्र के 288 विधानसभा सीटन पs एक चरण में 20 नवंबर के मतदान होई आ नतीजन के घोषणा 23 नवंबर के होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-