[the_ad_group id="30365"]

JPU में PG के परीक्षा तिथि जारी: 14 से 16 नवंबर तक होई परीक्षा, 186 परीक्षार्थी होई लो सामिल

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जयप्रकाश विश्वविद्यालय के पीजी सत्र 2022-24 के प्रैक्टिकल, वाइवा आ इंटरनल परीक्षा के लेके तारीख जारी कs दिहल गइल बा। 14 से 16 नवंबर के परीक्षा आयोजित कइल जाये के बा। जवना के लेके परीक्षा विभाग के ओर से तइयारी कs के सुरू कs दिहल गइल बा।

परीक्षा के लेके सब पीजी विभाग के अध्यक्ष आ संबंधित कॉलेज के सूचना जारी कs दिहल गइल बा। नोटिफिकेशन के जानकारी जेपीयू के ऑफिसियल वेबसाइट सहित सब विभाग आ कॉलेज के नोटिस बोर्ड पs चिपकावे के आदेस जारी कइल गइल बा।

186 परीक्षार्थी होई लो सामिल

परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि प्रैक्टिकल, वायवा आ आंतरिक परीक्षा में जवन छात्र-छात्रा सम्मिलित बा लो, ओह लोगन के परीक्षा केंद्रन के सूची जारी कs दिहल गइल बा। जयप्रकाश विश्वविद्यालय के भौतिकी विभाग में भौतिकी विषय के छात्रन के परीक्षा लिहल जाई। एह विभाग के अंतर्गत जवना कॉलेजन के परीक्षा होखे के बा।

ओकर सूची संलग्न कs दिहल गइल बा। भौतिकी विभाग में कुल 186 परीक्षार्थी सामिल होई। जहां 14 से 16 नवंबर तक परीक्षा लिहल जाई। जेपीयू के केमिस्ट्री विभाग में 154 परीक्षार्थी, बॉटनी विभाग में 125, जूलॉजी विभाग में 275 आ मनोविज्ञान विभाग में 219 छात्र- छात्रा सम्मिलित होई लो। भूगोल विभाग में कुल 80 छात्रन के परीक्षा होई।

50 अंक के होई परीक्षा

जयप्रकाश विश्वविद्यालय से संबंधित कॉलेजन के प्राचार्यन के ई निरदेस दिहल गइल बा कि अतिरिक्त विषय के आंतरिक परीक्षा एही अवधि में यथाशीघ्र संपन्न करा लीं। विदित होखे कि जेपीयू में पीजी सत्र 2018 से सीबीसीएस सिलेबस के लागू कइल गइल बा। जवना के अंतर्गत 100 अंकन के अनिवार्य अतिरिक्त विषय के परीक्षा होई। जेमे 50 अंकन के आंतरिक परीक्षा कॉलेज आ पीजी विभाग स्तर पs लिहल जाए के बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]