Chhapra में रोड रेज में गोलीबारी, एगो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 27, 2024

छपरा में रोड रेज विवाद में एगो जुवक घर मे घुसके एगो व्यक्ति के गोली मारके घायल कs देले बा। एमे घायल व्यक्ति के इस्थिति गंभीर बनल बा। जानकारी के अनुसार बाइक में टक्कर होखला

Share

छपरा में रोड रेज विवाद में एगो जुवक घर मे घुसके एगो व्यक्ति के गोली मारके घायल कs देले बा। एमे घायल व्यक्ति के इस्थिति गंभीर बनल बा। जानकारी के अनुसार बाइक में टक्कर होखला से घायल व्यक्ति के बेटा दूसरका व्यक्ति के गोली मार देलस। दरअसल सनीचर के सांझ चंद्रकांत अपना परिजनन के संगे बइठल रहे। एही बीच दुगो बाइक सवार जुवक घर के दरवाजा खटखटावे लागल।

घर से बाहर निकलतही अपराधी ओकरा के गोली मार देलें सs। गोली ओकरा पेट मे फंसल बा। घटना मुफ्फसिल थाना क्षेत्र के प्रभुनाथ नगर के बतावल जा रहल बा। घायल व्यक्ति के पहचान चंद्रकांत सिंह (45) पिता वीरबहादुर सिंह के रूप में भइल बा। घायल इस्थिति में स्थानीय लोग आनन-फानन में इलाज खातिर छपरा सदर अस्पताल में भरती करावल गइल बा। जहां इस्थिति गंभीर होखला पs  घायल के बेहतर इलाज खातिर पीएमसीएच भेज दिहल गइल।  घटनास्थल से पुलिस जिंदा कारतूसो बरामद कइले बिया। पुलिस ममिला के जांच पड़ताल में जुट गइल बिया।

एसडीपीओ राजकिशोर सिंह कहलें कि रोड रेज में गोली मारे के विवाद भइल बा।  घायल व्यक्ति के आरोपी के पिता से रोड़ रेज में विवाद हो गइल रहे।  एमे घायल व्यक्ति आरोपी के पिता से मारपीट कs लिहल। एकरा बाद पिता के विवाद में आरोपी जुवक घायल व्यक्ति के घर पs पहुंचके गोली मार देलस। फिलहाल, पुलिस आरोपी के गिरफ्तारी में जुट गइल बिया। ओकरा के जल्दिये गिरफ्तार कs लिहल जाई। हालांकि, घायल चंद्रकांत कवनो आवेदन अब तक नइखन देलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.