[the_ad_group id="30365"]

यूपी: विजिटर्स वीजा पर बिदेस गइल प्रदेश के 2946 लोग लापता, 740 गोरखपुर, गृह मंत्रालय कइलस अलर्ट

बिदेस गइला के बाद लापता भइल लोगन में 740 गोरखपुर के।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रदेश के 2946 लोग विजिटर्स वीजा पs बिदेस गइला के बाद वापस नइखे आइल लो। एमे गोरखपुर के 740 लोग सामिल बा। गृह मंत्रालय के ओर से एकरा के लेके कार्रवाई करे के आदेस के बाद ई खुलासा भइल बा। एकरा संगही लखनऊ, गोरखपुर, देवरिया आ अमेठी में बिदेस भेजे वाला एजेंटन पs चार गो मुकदमा दर्ज करावल गइल बा। बता दीं कि गृह मंत्रालय के रिपोर्ट में कंबोडिया, वियतनाम, म्यांमार में लोगन से जबरन साइबर फ्रॉड करावे के ममिला सामने आइल बा।

एडीजी साइबर क्राइम बीके सिंह बतवलें कि यूपी में बिदेस भेजे वाला 75 अधिकृत एजेंट बा लो, जबकि 431 अनधिकृत बा लो। मुख्यालय सब जिलन के पुलिस कप्तान, कमिश्नरन के अधिकृत आ अनधिकृत एजेंटन के लिस्ट भेजके कार्यवाही खातिर लिखले बा। 2946 लोगन में 527 महिला आ 2419 पुरुष बा लो। मुख्यालय हर जिला में एकर सत्यापन करा रहल बा, जेमे से 800 के सत्यापन हो चुकल बा।

बिदेस जाके लापता होखे वालन में सबसे जादे 740 लोग गोरखपुर के बा। ओहिजा देवरिया के 369, नोएडा के 251, लखनऊ के 106, गाजियाबाद के 200, कानपुर के 58, बाराबंकी के 11, वाराणसी के 32, आजमगढ़ के 80 लोग हना। बीतल दिनन 51 लोग वापस आ चुकल बा। यूपी से थाईलैंड गइल करीब दु हजार लोग वापस नइखे लवटल। करीब 400 लोग वियतनाम, 230 कंबोडिया, 82 म्यांमार से वापस नइखे आइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]