[the_ad_group id="30365"]

ग्रीनपार्क में टिकट बिक्री के लेकर मचल बवाल, दर्शक लोग कइल हंगामा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कानपुर के ग्रीनपार्क में 10 से 15 सितंबर के बीच होखे वाली रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज के टिकट के लेकर शनिचर के दर्शक लोग जम के हंगामा कइल। सुबह नौ बजे से गेट नंबर दस बी के लग्गे ठाढ़ दर्शक लोग के सबर के बन्हा ओह समय टूट गइल, जब टिकट काउंटर पर पहुंचल एगो आदमी से बोलल गइल कि अभिन टिकट छप के आ नाइ पवलें बा।

एतना सुनतही दर्शक आग बबूला हो गइलें अउर हंगामा करे लगलें। दूर-दूर से आइल दर्शक लोग कंपनी के लोग के जमकर गरियावल अउरी हंगामा करे लागल। दर्शकन के गुस्सा देख कंपनी के आदमी काउंटर छोड़के मौका से भाग निकलले। सूचना मिलतही पुलिस भी मौका पर पहुंच गइल।

आजु से ग्रीनपार्क में उतरिहें क्रिकेट के दिग्गज लोग

बता देईं कि रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज के तहत शनिचर से टी-20 मैच शुरू हो जाई। देश-विदेश के दिग्गज खिलाड़ियन के देखे खातिर क्रिकेटप्रेमी लालायित बानें। तेंदुलकर, युवराज, जोंटी रोड्स, सनथ जयसूर्या, मखाया एंटिनी समेत तमाम क्रिकेट के सितारा अब 15 सितंबर ले ग्रीनपार्क में क्रिकेट प्रेमियन के देखे के मिलिहें।

ई टीम बा आजु आमने-सामने

इंडिया लीजेंड्स: कप्तान सचिन तेंदुलकर, युवराज सिंह, इरफान पाठन, युसूफ पठान, हरभजन सिंह, सुरेश रैना, मुनाफ पटेल, एस बद्रीनाथ, स्टुअर्ट बिन्नी, नमन ओझा, मनप्रीत गोनी, प्रज्ञान ओझा, विनय कुमार, अभिमन्यु मिथुन, राजेश पावर, राहुल शर्मा।

दक्षिण अफ्रीका लीजेंड्स: कप्तान जोंटी रोड्स, एल्विरो पीटरसन, एंड्रयू पुटिक, एडी ली, गार्नेट क्रूगर, हेनरी डेविड्स, जैक्स रुडोल्फ, एल नॉरिस जोंस, मखाया एंटिनी, मोर्ने वान विक, टी तशाबाला, वर्नोन फिलेंडर, जेंडर डी ब्रुइनो।

शहर के स्कोरर करिहें स्कोरिंग

शहर के स्कोरर एपी सिंह अउरी एसपी सिंह मैच में ऑनलाइन स्कोरिंग करिहें। दूनों स्कोरर कई राष्ट्रीय अउरी अंतरराष्ट्रीय मैचन में भी स्कोरिंग कर चुकल बानें। अंपायर मुंबई के चंद्रकांत महाशे, उमेश दुबे, राजेश देशराज होइहें। मैच रेफरी जीआर विश्वनाथ बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]