Milk Price Hike: अमूल बढ़वलस दूध के दाम, अब प्रति लीटर तीन रुपिया महंगा मिली; नया दाम तत्काल प्रभाव से लागू

Share

गुजरात डेयरी को-ऑपरेटिव अमूल दूध के दाम में इजाफा करे के एलान कs देले बा। दूध के दाम में तीन रुपिया प्रति लीटर तक के बढ़ोतरी के घोषणा कइल गइल बा। नया दाम तत्काल प्रभाव से लागू हो गइल बा। बयान के मोताबिक, एह संशोधन के बाद अमूल गोल्ड के कीमत 66 रुपिया प्रति लीटर, अमूल ताजा के कीमत 54 रुपिया प्रति लीटर, अमूल गाय के दूध 56 रुपिया प्रति लीटर औआ अमूल ए2 भैंस के दूध के कीमत अब 70 रुपिया प्रति लीटर होई।

अमूल पिछिला साल अक्टूबर में कीमतन में 2 रुपिया प्रति लीटर के बढ़न्ती कइल गइल रहे। कहल गइल रहे कि कीमतन में ई बढ़न्ती दूध के संचालन आ उत्पादन के कुल लागत में बढ़न्ती के कारण कइल जा रहल बा। पिछिला बारिस के तुलना में खाली पशुअन के चारा के लागत में लगभग 20 प्रतिशत के बढ़न्ती भइल बा। इनपुट लागत में बढ़न्ती के धेयान में राखत हमनी के सदस्य संघ पिछिला साल के तुलना में किसानन के कीमतन में 8-9 प्रतिशत के बढ़न्ती भइल बा। ओहिजा, दिसंबर में मदर डेयरी दिल्ली-एनसीआर (राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र) में दूध के कीमतन में 2 रुपिया प्रति लीटर के बढ़न्ती कइले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-