Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एगो बसिया रोटी रउरा सभे खातिर कs सकेला औषधि के काम, जानी कब आ कइसे खाई

भारतीय आयुर्विज्ञान के मानल जाव तs, डाइट में एगो छोट बदलाव रउआ के कइयन समस्या से बचा सकेला। अइसही एगो हेल्दी बदलाव ह बसिया रोटी खाइल। कइसे, आईं जानल जाव...

2,700

भारत एगो अइसन देस हs जहां स्वास्थ से जुड़ल आपन कुछ प्राचीन पद्धती रहल बा जेमे लाइफस्टाइल से लेके डाइट तक के कइयन गो बदलाव सामिल रहल बा। एही में से एगो रहल बा सबेरे खाली पेट बसिया रोटी खाइ। जी हs , सुने में भलही रउआ इ अनहेल्दी लागत होखे बाकिर, सबेरे खाली पेटे बसिया रोटी खाइल रउआ खातिर एगो औषधि के काम कs सकेला। पहिले तs इ राउर मेटाबोलिज्म अउर शुगर लेवल के एगो हेल्दी सुरुआत दे सकत बा, दूसरा ई कइयन समस्यन से बचा सकेला। कइसे, जानत जाव बसिया रोटी खईला के फायदा…

बसिया रोटी खईला से कवन बेमारी दूर होला- Is stale chapati good for diabetes

1. डायबिटीज में बसिया रोटी- Is stale chapati good for diabetes

डायबिटीज के मरीजन के खातिर बसिया रोटी सबसे हेल्दी नाश्ता में से एगो हो सकत बा। दरअसल, ई रउआ देह में शुगर बैलेंस करे अउर दिनभर होखे वाला शुगर स्पाइक से बचाव में मददगार बा। तs, अगर रउआ डायबिटीज बा त ठंडा दूध लीं अउर एमे एगो बसिया रोटी भिजा के रख दीं। दस मिनट बाद एकर सेवन करीं।

2. बीपी कंट्रोल करे में मददगार -Controls Blood Pressure 

सबेरे खाली पेट बसिया रोटी के सेवन रउआ बॉडी टेंपरेचर के बैलेंस राखे अउर बीपी कंट्रोल करे में मददगार बा। दरअसल, ई हाई बीपी होखे भा लो बीपी, हर प्रकार के लोगन खातिर फायदेमंद बा। ई राउर ब्लड वेसेल्स के रिलेक्स करेला आ बीपी कंट्रोल करे में मददगार बा।

3. वजन घटावे के खातिर बसिया रोटी- Chapati for Weight Loss

बसिया रोटी, वजन घटावे में कइयन तरे से काम कs सकत बा।दरअसल, ई प्रोटीन अउर फाइबर दुनो से भरपूर बा सबेरही से  राउर पेट के मेटाबोलिज्म बढ़ा देला। संगही सबेरे बसिया रोटी खइला से रउआ दिन भर क्रेविंग ना होला। जवना से रउआ बेकार के खाना से बाचेम। एह तरह से ई वजन घटावे वाला लोगन खातिर फायदेमंद बा।

4. एसिडिटी अउर कब्ज से होई बचाव- Stale chapati ।for acidity and constipation 

अइसे तs लोगन के लागेला कि बसिया रोटी एसिडिटी के कारण बन सकत बा। बाकिर, अइसन नइखे। जदि रउआ बस एगो बसिया रोटी ठंडा दूध के संगे लेत बानी त ई एसिडिटी अउर कब्ज के समस्या से बचाव में मदद क सकत बा। ई सीना में जलन, कब्ज आ पित्त से जुड़ल समस्या के कम कर सकत बा, तs बसिया रोटी खाई, ई समस्या से बचल रही।

(ई आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर, कवनो उपाय के अपनावे से पहिले डॉक्टर से परामर्श जरुर लीं)

448700cookie-checkएगो बसिया रोटी रउरा सभे खातिर कs सकेला औषधि के काम, जानी कब आ कइसे खाई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.