[the_ad_group id="30365"]

काहे सुनीता विलियम्स के बिना धरती पs लवट रहल बा स्टारलाइनर? न्यू मैक्सिको के स्पेस हार्बर में होई लैडिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नासा एस्ट्रोनॉट्स सुनीता विलियम्स (Sunita Williams) आ बुच विल्मोर के अंतरिक्ष में ले जाये वाला स्पेसक्राफ्ट (Boeing Starliner) पृथ्वी पs वापस आ रहल बा। न्यू मैक्सिको के स्पेस हार्बर में स्पेसक्राफ्ट के लैडिंग होखे वाला बा। ऑटोमैटिक माने स्वायत्त मोड पs स्पेसक्राफ्ट के वापसी हो रहल बा।

एह साल जून के पहिला हफ्ता में बोइंग स्टारलाइनर स्पेसक्राफ्ट सुनीता आ बुच के अंतरिक्ष में ले गइल रहे। एकरा बाद स्पेसक्राफ्ट में तकनीकी दिक्कत आ गइल। ई स्पेसक्राफ्ट बिना क्रू के पृथ्वी पs वापस आ रहल बा।

बता दीं कि सुनीता विलियम्स आ बुच विल्मोर अगिला साल फरवरी में वापस लवटी। भारतीय समयानुसार, स्टारलाइनर छह सितंबर के आधी रात के बाद बिहान सबेरे साढ़े तीन बजे स्पेस सेंटर छोड़ चुकल बा।

सुनीता विलियम्स के वापसी में काहे भइल देरी?

स्पेसक्राफ्ट में हीलियम रिसाव सहित आउर समस्या आवत रहे, एकरा बाद एकरा के डंप कइल गइल। स्पेसक्राफ्ट में खराबी के बाद बुच आ सुनीता पिछला कइयन माह से स्पेस स्टेशन में फंसल बा। हालांकि, नासा बाद में दुनो अंतरिक्ष यात्रियन के वापसी स्पेसएक्स क्रू 9 अंतरिक्ष यान से करावे के फैसला कइलस, जवन कि फरवरी 2025 में दुनो फसल  अंतरिक्ष यात्रियन के वापस पृथ्वी पs लेके आई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]