[the_ad_group id="30365"]

Sunita Willams: अंतरिक्ष से सुनीता विलियम्स के आइल मैसेज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बोइंग के स्टारलाइनर नासा के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बैरी विलमोर के बिना अंतरिक्ष से लवटल बा। ई अंतरिक्ष यान काल्ह अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से रवाना भइल रहे। स्टारलाइनर न्यू मैक्सिको के व्हाइट सैंड्स स्पेस हार्बर में उतरल। एकरा बारे में सुनीता विलियम्स के बयानो सामने आइल बा। उऽ रेडियो मेसेज देले बाड़ी।

नासा के अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बैरी विलमोर के अंतरिक्ष में ले जाए वाला बोइंग के अंतरिक्ष यान स्टारलाइनर  (Boeing Starliner Landed) शनिचर के दिने खाली पृथ्वी पर लवटल।

ई अंतरिक्ष यान बियफे के दिने अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से रवाना भइल रहे। एकरा बारे में सुनीता विलियम्स के बयानो सामने आइल बा।

 धरती पऽ लैंड भइल स्टारलाइनर 

बोइंग शनिचर के कहले कि खाली स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान के डीऑर्बिट पोल पूरा हो गइल बा आ डीऑर्बिट बर्न से लैंडिंग तक लैंडिंग चरण में 44 मिनट लागल। स्टारलाइनर न्यू मैक्सिको में व्हाइट सैंड्स स्पेस हार्बर पर लैंड कइलस।

का कहली सुनीता विलियम्स

एकरा से पहिला कि बिना चालक दल के स्टारलाइनर अंतरिक्ष यान पृथ्वी पर वापस लौटता, अंतरिक्ष यात्री सुनीता विलियम्स आ बुच विल्मोर दोनों ने उड़ान नियंत्रकन के फोन कऽ के टीम के भावुक संदेश देली।उऽ सहयोग खातिर धन्यवाद देली।

सुनिता आगे अंतरिक्ष यान के उपनाम के जिक्र करते घरी रेडियो संदेश में कहली, ” रउआ लोगन खातिर कैलिप्सो के घर वापस लिआवे के समय आ गइल बा। हम रउआ साथे बानी एकरा के जल्दि धरती पs ले आई”।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]