[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: मोतिहारी में दु लाख के नकली नोट के साथे तीन गिरफ्तार

Two thousand
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत-नेपाल सीमा के नजदीक बिहार के मोतिहारी में पुलिस दु लाख रुपया के फर्जी नोट के संगे तीन व्यापारी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। नेपाल के सीमावर्ती इलाका से सभे अपराधी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। गिरफ्तार व्यापारी में भागलपुर के नजरे सद्दाम शामिल बाड़े। कहल जा रहल बा कि एकर कड़ी पाकिस्तान से जुड़ल बा। खुफिया एजेंसियन पाकिस्तान कनेक्शन के जाँच करत बाड़ी सन। एकरा अलावे आ व्यापारी से भी पूछताछ कइल जाता।

सूत्र के मुताबिक जम्मू-कश्मीर में होखेवाला चुनाव में एह फर्जी नोट के इस्तेमाल करे के साजिश रचल रहे। बता दीं कि जांच एजेंसियन के बहुते दिन से व्यापारियन के गतिविधि के बारे में लगातार इनपुट मिलत रहे। पुलिस एह धंधा के सरगना नजरे सद्दाम के खोजत रहे। जेकरा के अब गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। नजरे सद्दाम के सॉफ्टवेयर इंजीनियर बतावल जात बा। जे करोड़पति बने के लालच में नकली नोट के क्षेत्र में आ गइल।

दोसरो व्यापारियन के पहचान कऽ के छापामारी कइल जा रहल बा

एसपी कांतेश कुमार मिश्र बतवले कि दु लाख नकली नोट के संगे तीन व्यापारी के गिरफ्तार क लिहल गइल बा। केंद्रीय एजेंसी सभ व्यापारी से पूछताछ करतिया। पूछताछ के दौरान मिलल इनपुट के आधार पs छापामारी कइल जाता। एह सिन्डिकेट से जुड़ल अउरी व्यापारियन के पहचान हो रहल बा। एह घटना के लेके कुछ अउरी एजेंसियन के जानकारी दिहल गइल बा।

एसपी बतवले कि व्यापारी के तलाशी के दौरान 2 लाख रुपया के फर्जी भारतीय मुद्रा के नोट बरामद भइल बा। नजरे सद्दाम के गिरफ्तारी के सवाल पs एसपी के कहनाम बा कि कार्रवाई पूरा होखला के बाद आउर जानकारी दिहल जाई।

केंद्रीय एजेंसी बहुत दिन से सद्दाम के खोज में लागल रहे

बता दीं कि केंद्रीय एजेंसी बहुत दिन से फर्जी मुद्रा कारोबारी नजरे सद्दाम के तलाश में रहली। कुछ दिन पहिलहु एजेंसियन के नजरे सद्दाम के नेपाल से नकली नोट के खेप लेके भारत आवे के जानकारी मिलल रहे। बाकिर ओकरा के पुलिस ना पकड़ पवलस। जांच एजेंसी लगातार एह इलाका में डेरा डाल के फर्जी नोट के तार के भंग कऽ के किंगपिन के पकड़त रहली, जवन कि अब सफल हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]