Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अखिलेश परिवार हवन-यज्ञ में नेताजी के आत्मा के शांति खातिर दिहल आहुति, देखीं तस्वीर

700
समाजवादी पार्टी के संस्थापक मुलायम सिंह यादव खातिर आजु उनके पैतृक गांव सैफई में उनके आवास पर शांति यज्ञ के आयोजन कइल गइल। पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव समेत परिवार के सब लोग आहुति दे के नेताजी के आत्मा के शांति खातिर प्रार्थना कइल।
सपा संस्थापक मुलायम सिंह यादव के निधन के बाद उनके आवास पर श्रद्धांजलि देवे वालन के क्रम जारी बा। 11 वें दिन सुक्क के उनके आत्मा के शांति खातिर हवन यज्ञ शुरू भइल। सुबह नौ बजे अयोध्या से आइल रसिक पीठाधीश्वर जन्मेजय शरण समेत पांच महंत लोग हवन शुरू करावल।

एमें पूर्व मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, उनकर पत्नी अउर पूर्व सांसद डिंपल यादव, प्रसपा अध्यक्ष शिवपाल सिंह यादव, अभय राम यादव, पूर्व सांसद धर्मेन्द्र यादव, जिला पंचायत अध्यक्ष अभिषेक यादव, प्रतीक यादव समेत पूरा परिवार यज्ञ में शामिल भइलें।

मुलायम सिंह यादव के आवास पर शांति यज्ञ का आयोजन

सैफई अउर इटावा के कुछ अन्य खास लोग भी यज्ञ शामिल भइल बा। यज्ञ पूजन में शामिल होखे वाले लोग बड़ संख्या में आइल बानें। जेके ध्यान में रख के सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल।
मुलायम सिंह यादव के आवास पर शांति यज्ञ का आयोजन

आवास के आसपास 15 जगह पर बैरिकेडिंग लगावल गइल। उहवें आगरा से हलवाई बोलावल गइल बानें। लखनऊ से आइल टेंट हाउस संचालक आवास में दू वाटर प्रूफ पंडाल बनावल गइल बा।
मुलायम सिंह यादव के आवास पर शांति यज्ञ का आयोजन

सैफई में भइल अंतिम संस्कार

नेताजी मुलायम सिंह यादव के गुरुग्राम के मेदांता अस्पताल में 10 अगस्त सोमवार सुबह 8:16 बजे निधन हो गइल रहे। मंगर के दूपहर 3:00 बजे महोत्सव ग्राउंड में बनल समाधि स्थल पर मुलायम सिंह के अंतिम संस्कार कइल गइल।
मुलायम सिंह यादव के आवास पर शांति यज्ञ का आयोजन

मुलायम सिंह यादव 82 साल के रहलें। मेदांता अस्पताल में उ वेंटिलेटर पर रहलें पिछले अतवार से उनकर हालत नाजुक बनल रहे। मुलायम सिंह यादव के अंतिम संस्कार में बेटा अखिलेश यादव उनके मुखाग्नि दीहलें रहनें।
360120cookie-checkअखिलेश परिवार हवन-यज्ञ में नेताजी के आत्मा के शांति खातिर दिहल आहुति, देखीं तस्वीर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.