Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अचीवर्स जंक्शन पs पधरले इंदौर के पुलिस कमिश्नर हरिनारायण चारी मिश्र

540

अपना अनोखा कार्यक्रमन आ विभिन्न क्षेत्र के दिग्गजन के कहानी कहे खातिर लोकप्रिय चैनल अचीवर्स जंक्शन पs एह सप्ताह मेहमान रहनी राष्ट्रपति पुलिस पदक से सम्मानित इंदौर के पुलिस कमिश्नर श्री हरिनारायण चारी मिश्र। शो के नाम हs – ‘’ अचीवर्स जंक्शन: सफर मनोज भावुक के साथ” एकरा के होस्ट करनी सुप्रसिद्ध भोजपुरी कवि आ टीवी पत्रकार मनोज भावुक।

कार्यक्रम के शुभारंभ में मनोज भावुक कहले कि 2003 बैच के मध्यप्रदेश कैडर के आईपीएस अधिकारी श्री हरिनारायण चारी मिश्र के आमंत्रित करत उत्साहित एहुसे बानी कि इहां के हमरा गृह जनपद सिवान से बानी, हमार थाना रघुनाथपुर से बानी माने हमार गाँव-घर से बानी। मध्य प्रदेश के मुख्यमंत्री जेकर तारीफ करत बानी, दूसर पुलिस अधिकारियन के सामने जेकर उदाहरण देत बानी, जेकरा के एमपी के सिंघम कहत बानी ..आज ओह अचीवर के कहानी लेके आइल बा अचीवर्स जंक्शन।


फेर खुलल हरिनारायणाचारी मिश्र के जीनगी के किताब जेमे उहां के प्राथमिक शिक्षा वाला सरकारी विद्यालय, रघुनाथपुर के मध्य विद्यालय, राजपुर के उच्च विद्यालय से होत सीवान के DAV कॉलेज आ फेर BHU में ग्रेजुएशन आ पोस्ट ग्रेजुएशन के तमाम पन्ना बड़ रोचक ढंग से पढल गइल। एमे स्कूल-कॉलेजन के स्मृतियन के संगे कइयन गो पुरान साथियन आ गुरुजन के जिक्र चलल। एह बातचीत में हरिनारायणाचारी मिश्र जी के बीचयू के मित्र वरिष्ठ पत्रकार सुशील कुमार सिंह, धनंजय कुमार मिश्रा, रवि भूषण तिवारी, छोट भाई दामोदर मिश्र आ जागो भारत फाउंडेशन के संस्थापक मुन्ना सिंह जुड़ले आ मिश्र जी के प्रति आपन भाव राखल लो।

एह बातचीत में श्री मिश्र गाँव के सत्ता आ महत्ता पs विशेष जोर देनी। हर परिस्थिति में मनोबल के बनाके रखे के बात कहनी। श्री मिश्र 1998 में PCS के परीक्षा पास कs के ट्रेजरी अधिकारी आ 2001 में IRTS पास कs ke रेलवे अधिकारी बनले आ 2003 में IPS बनले। उहां के मध्यप्रदेश राज्य के कैडर मिलल।

पुलिसिंग के चुनौतियन आ आपन पूरा यात्रा पs श्री मिश्र बड़ बेबाकी से बातचीत कइनी। सिनेमा के स्क्रीन प्ले के तरह मनोज भावुक अपना सवालन से फॉर्मेट बनावत रहनी तs श्री मिश्र अपना खूबसूरत संवादन से अइसन रंग भरत रहनी जइसे कवनो फिलिम चल रहल होखे। बालाघाट में नक्सलियन के सफाया के बात होखे, खंडवा में धार्मिक उन्माद शांत करे के ममिला होखे,  जेकरा खातिर श्री मिश्र के राज्य सरकार इंदिरा गांधी शांति पुरस्कार देले रहे आ फेर जबलपुर में पुलिस अधीक्षक रहत सुसाइड के ममिलन में रोकथाम खातिर संजीवनी हेल्पलाइन के शुरुआत के बात होखे,सब पs विस्तार से आ रोचक ढंग से सवाल-जबाब भइल।

इंदौर के प्रथम पुलिस कमिश्नर श्री मिश्र के उहां के शानदार कार्यशैली, सोशल पोलिसिंग आ साहसिक कारनामन खातिर  वीरता पुरस्कार ला चुनल गइल। एतने ना उहां के अखिल भारतीय सारस्वत परिषद के सर्वोच्च सम्मान मालवीय प्रज्ञा सम्मान 2019 से नवाजल गइल। उनकर नाम लिम्का बुक ऑफ वर्ल्ड रिकार्ड में दर्ज भइल। उहां के प्राइड ऑफ इंडिया अवार्ड से नवाजल गइल।

एह पूरा साक्षात्कार में श्री मिश्र के यात्रा के बहाने उहां के पर्सनल आ प्रोफेशनल जिनगी के संगही उहां के मन के बात आ अंतरात्मा के आवाजो गूँजती रहल। एकरा के रउआ इंटरव्यू बेस्ड सिनेमा कह सकत बानी।

मनोज भावुक एही तरे के इंटरव्यू खातिर जानल जाले। भावुक जी अमिताभ बच्चन से लेके नामवर सिंह, केदार नाथ सिंह, कुमार विश्वास सरीखा डेढ़ सौ से ज्यादा अचीवर्स के इंटरव्यू कइले बानी।

268480cookie-checkअचीवर्स जंक्शन पs पधरले इंदौर के पुलिस कमिश्नर हरिनारायण चारी मिश्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.