Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पैंगबर मोहम्मद पs टिप्पणी: नूपुर शर्मा के मुश्किल बढ़ल, पूछताछ खातिर अब समन जारी करी मुंबई पुलिस

495

पैगंबर मोहम्मद पs टीवी डिबेट के दौरान टिप्पणी कs के घिरल नूपुर शर्मा के मुश्किले लगातार बढ़त जा रहल बा। उनका खिलाफ एह बयान के ममिला में पुलिस में केस दर्ज करावल गइल रहे। अब मुंबई पुलिस जल्दिये उनका के समन जारी कs के पूछताछ खातिर बुलाई। मुंबई पुलिस के कमिश्नर संजय पांडे एह बात के कहले। पांडे कहले कि ज्ञानवापी मसला पs टीवी डिबेट के दौरान टिप्पणी के लेके मुंबई पुलिस जल्दिये निलंबित कइल गइल भाजपा प्रवक्ता नूपुर शर्मा के समन जारी करी आ उनकर बयान दर्ज करी। उ कहले कि एह संबंध में जवन जरूरी कार्रवाई होई उ कइल जाई।

संजय पांडे कहले कि एहु ममिला में प्रक्रिया के पालन कइल जा रहल बा। एफआईआर दर्ज कइला के बाद के जवन कवनो प्रक्रिया होला, ओकर पालन कइल जाई। नूपुर शर्मा टीवी डिबेट के दौरान पैगंबर मोहम्मद पs टिप्पणी कइले रही आ ओकरा बाद अगिलही दिन मुंबई पुलिस एह ममिला में केस दर्ज कइले रहे, ई केस रजा अकादमी के जॉइंट सेक्रेटरी इरफान शेख दर्ज करवले रहस। पुलिस अधिकारी बतवले रहस कि 29 मई के रात के नूपुर शर्मा के खिलाफ केस दर्ज कइल गइल रहे। नूपुर शर्मा के खिलाफ आईपीसी के धारा 295A के तहत केस दर्ज कइल गइल बा। एकरा तहत उनका पs धार्मिक वैमनस्य के उकसाने के आरोप लगावल गइल बा। एकरा आलावे दु समूहन के बीचे दुश्मनी बढ़ावे के आरोप में सेक्शन  153A के तहत केस दर्ज भइल बा।

नूपुर शर्मा के टिप्पणी के चलते भाजपा के बैकफुट पs आवे के पड़ल बा। एक ओरि कतर, सऊदी अरब, कुवैत, यूएई, बहरीन समेत कइयन गो इस्लामिक देश एह बात पs भारतीय राजदूत के तलब कइले रहे तs ओहिजा भारतो में कड़ा आलोचना झेले के पड़ रहल बा। इहे ना बितल सुक के कानपुर में भइल हिंसा के वजहो इहे रहे। ई हिंसा ओह दौरान भइल रहे, जब पीएम नरेंद्र मोदी आ राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद कानपुर में रहे लो। गौर करे आला बात बा कि चौतरफा हमलन के बाद भाजपा अतवार के नूपुर शर्मा को पार्टी से सस्पेंड कs देले रहे। ओकरा अलावे एह मसला पs ट्वीट करे वाला एगो आउर नेता नवीन जिंदल के पार्टी से बर्खास्त कs दिहल गइल बा।

269790cookie-checkपैंगबर मोहम्मद पs टिप्पणी: नूपुर शर्मा के मुश्किल बढ़ल, पूछताछ खातिर अब समन जारी करी मुंबई पुलिस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.