[the_ad_group id="30365"]

PM Modi: ‘ए लेटर टू नरेंद्र मोदी’ के नाव से बनी 11,111 धन्यवाद पत्रन के ग्रंथ, पीएम के कइल जाई समर्पित

नरेंद्र मोदी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या में भगवान राम के मंदिर के निर्माण समेत कई मौका पs देश-दुनिया के बहुत लोग प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के धन्यवाद देत रहेले। कई बेर ई धन्यवाद पत्र के माध्यम से होला। अब एह धन्यवाद पत्रन के संकलन कs के किताब के रूप दिहल जाई. एकरा के अयोध्या में भगवान रामलला के मंदिर निर्माण के दूसरा सालगिरह पs प्रधानमंत्री के समर्पित कईल जाई। ई काम रामायण शोध परिषद के नेतृत्व में कइल जाई.      

धन्यवाद पत्र संकलित करे के संकल्प


रामायण शोध परिषद के महासचिव कुमार सुशांत बतवले बाड़न कि परिषद देश के कई इलाका से लोग से प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के धन्यवाद पत्र लिखवावत बिया. एह चिट्ठियन के संकलन कs के एगो किताब तइयार कइल जा रहल बा. ”ए लेटर टू नरेंद्र मोदी”नाम के एह किताब में नरेंद्र मोदी के नाम पs 11,111 धन्यवाद पत्र संकलित करे के संकल्प बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

सुशांत बतवले कि इs धन्यवाद पत्र प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नाम पs लिखल जाता, काहेंकी उनुका नेतृत्व में राम लला के मामला सुप्रीम कोर्ट में मजबूती से पेश भईल। मंदिर के भूमि पूजन आ अभिषेक उनकर हाथ से होत रहे। उs कहले कि 22 जनवरी 2022 के पल बेजोड़ रहे जवना में भगवान रामलला उनुका मंदिर में बईठल रहले। ओह दिन पूरा वैश्विक सनातन समुदाय के लागल कि रामराज्य धरती पs आ गइल बा. 

अयोध्या के राम मंदिर खातिर 500 साल के संघर्ष पs रामायण शोध परिषद खुद 1108 पन्ना के किताब ‘श्रीरामलला- मन से मंदिर तक’ तइयार कइले बिया. ई किताब हिन्दी में पूरा हो चुकल बा आ एकर अनुवाद 10 गो अउरी अंतर्राष्ट्रीय भाषा में भी होखे के योजना बा। सुशांत कहलन कि एह किताब के हिंदी भाषा में रिलीज करे के तइयारी भी चल रहल बा. उs बतवले कि श्री राम मंदिर पs एs किताब के लेखन के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से भी मार्गदर्शन मिलल। बता दी की सीतामढ़ी आ ओहसे जुड़ल इलाका में माई सीताजी के भव्य मूर्ति के तीर्थ, बिजली आ पर्यटन क्षेत्र के रूप में विकसित करे खातिर परिषद लगातार काम कs रहल बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]