Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

NMAT 2024: जीएमएसी एनएमटी खातिर ऑनलाइन आवेदन के अंतिम तिथि बढ़ल, 13 अक्तूबर तक पंजीकरण के मवका

837

NMAT 2024: ग्रेजुएट मैनेजमेंट एडमिशन काउंसिल (GMAC) एनएमएटी 2024 खातिर आवेदन के प्रक्रिया चल रहल बा। एकरा खातिर आवेदन के अंतिम तिथि 10 अक्तूबर निर्धारित कइल गइल रहे। जवना के अब बढ़ाके 13 अक्तूबर कs दिहल गइल बा। इच्छुक उम्मीदवार 13 अक्तूबर तक एह परीक्षा खातिर ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। परीक्षा में सम्मिलित होखे खातिर योग्य उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट www.mba.com पs जाके आवेदन पत्र भर सकत बा लो। बता दीं कि एकर परीक्षा 83 शहरन में आयोजित होई। एह 83 शहरन में 87 परीक्षा केंद्र निर्धारित कइल जाई।

पात्रता मानदंड

उम्मीदवारन के लगे कम से कम 50 प्रतिशत अंकन के संगे कवनो विषय में स्नातक के डिग्री होखे के चाहीं। स्नातक के अंतिम बरिस में पढ़े वाला विद्यार्थी आवेदन करे खातिर पात्र बा लो। आवेदन के NMAT आवेदन शुल्क भा रीटेक शुल्क के रूप में 2,800 रुपिया (प्लस लागू कर) के भुगतान करे के होई।

मानदंड विवरण
न्यूनतम अंक 50% अंकन के संगे स्नातक के डिग्री
अंतिम बरिस के छात्र आवेदन खातिर पात्र
NMAT आवेदन शुल्क 2,800 रुपिया (प्लस लागू कर)

आधिकारिक GMAT बयान में कहल गइल बा कि परीक्षा शेड्यूलिंग के समय सीमा 17 अक्टूबर, 2024 तक बढ़ा दिहल गइल बा। GMAC परीक्षण विंडो पांच नवंबर से सुरू होके 20 दिसंबर, 2024 तक चली। उम्मीदवारन के GMAC परीक्षा में अपना स्कोर में सुधार करे खातिर दुगो अवसर मिली।

परीक्षा पैटर्न

परीक्षा कुछ प्रमुख स्नातक व्यवसाय कार्यक्रमन में प्रवेश खातिर आयोजित कइल जा रहल बा। एह परीक्षा के प्रश्नपत्र में 108 प्रश्न होई। परीक्षा 120 मिनट के होई। उम्मीदवार कवनो दिहल गइल परीक्षण बरिस में तीन बेर एनएमएटी परीक्षा दे सकत बा लो। परीक्षा खातिर उम्मीदवार 10 अक्तूबर तक ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो। आवेदक परीक्षा सुरू होखे से एक हफ्ता पहिले आपन प्रवेश पत्र डाउनलोड कs सकी लो।

NMAT परीक्षा कंप्यूटर आधारित टेस्ट (CBT) मोड में आयोजित कइल जाई आ एमे तीन खंड होई – भाषा कौशल, मात्रात्मक कौशल आ तार्किक तर्क। पेपर में 108 वस्तुनिष्ठ प्रकार के प्रश्न होई। परीक्षा के अवधि 120 मिनट होई। प्रत्येक सही उत्तर खातिर, उम्मीदवारन के तीन अंक दिहल जाई आ गलत उत्तरन खातिर कवनो नकारात्मक अंकन ना होई।

एनएमएटी स्कोर के उपयोग भारत में नरसी मोनजी इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट स्टडीज (एनएमआईएमएस), इंडियन स्कूल ऑफ बिजनेस (आईएसबी), एसपी जैन इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट एंड रिसर्च (एसपीजेआईएमआर), टीए पाई मैनेजमेंट इंस्टीट्यूट (टीएपीएमआई), फ्लेम यूनिवर्सिटी आदि संस्थानन के ओर से कइल जाई।

आवेदन के चरण

1. सबसे पहिले उम्मीदवार आधिकारिक www.mba.com पs जावs लो।

2. होमपेज पs पंजीकरण लिंक पs क्लिक करे लो।

3. एकरा बाद आपन विवरण भर के प्रोफाइल बना लीं।

4. उम्मीदवार आपन आवेदन पत्र भरके जमा कs देवे लो।
5. भविष्य के संदर्भ खातिर एकरा के डाउनलोड कs के प्रिंटआउट निकाल के रख लीं।

GMAC में भाग लेवे वाला कॉलेज

जीएमएसी स्कोर कइयन गो प्रतिष्ठित संस्थानन के ओर से स्वीकार कइल जाला, जवना में सामिल बा- इंडियन स्कूल ऑफ बिजनेस, एसपी जैन इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट एंड रिसर्च (ग्लोबल मैनेजमेंट प्रोग्राम), टीए पाई मैनेजमेंट इंस्टीट्यूट (सभी एमबीए प्रोग्राम), फ्लेम यूनिवर्सिटी (एमबीए, कम्युनिकेशन मैनेजमेंट में एमबीए), राजीव गांधी नेशनल यूनिवर्सिटी ऑफ लॉ, पंजाब (एमबीए) आ नरसी मोनजी इंस्टीट्यूट ऑफ मैनेजमेंट स्टडीज।

983390cookie-checkNMAT 2024: जीएमएसी एनएमटी खातिर ऑनलाइन आवेदन के अंतिम तिथि बढ़ल, 13 अक्तूबर तक पंजीकरण के मवका

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.