[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में सड़क हादसा, दु के मौत: अनियंत्रित तेज रफ्तार कंटेनर मरलस टक्कर, परीक्षा देवे जात रहे लो 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र के बेलबनवा गांव के लगे एनएच-27 पs एगो अनियंत्रित कंटेनर बाइक सवार दु जुवकन के कुचल दिहल। जवना से दुनो जुवकन के घटना के जगही मौत हो गइल। ओहिजा मवका पs पहुँचल पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस।

मृतक के पहचान नगर थाना क्षेत्र के हजियापुर कैथवलिया गांव निवासी ब्रजेश कुमार सिंह के बेटा यश कुमार आ मुंगेर जिला के कासिम बाजार थाना क्षेत्र के मकससपुर गांव निवासी अक्षय भारती के बेटा इसान भारती के रूप में कइल गइल। फिलहाल पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देले बा।

दरअसल, घटना के संदर्भ में बतावल गइल कि मृतक हजियापुर कैथवलिया निवासी यश राज आ मुंगेर निवासी इसान भारती यूपी के फैजाबाद में एग्रीकल्चर विश्वविद्यालय में बीए के छात्र रहे लो। आज दुनो के परीक्षा रहे। ओहिजा मुंगेर निवासी मृतक इसान काल्हे अपना घर से गोपालगंज आके रह गइल आ दोनों दोस्त साथ मे बियफे के अहले सबेरे बाइक पs सवार होके परीक्षा देवे फैजाबाद खातिर रवाना हो गइल। तबे कुचायकोट थाना क्षेत्र के बेलबनवा गांव के लगे एनएच-27 पs एगो अनियंत्रित कंटेनर बाइक सवार दुनो जुवकन के कुचल देलस। जवना से दुनो के मौत हो गइल। सूचना पाके मवका पs पहुँचल पुलिस दुनो के क्षत विक्षत शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर सदर अस्पताल भेज देलस।

बतावल जात बा कि मृतक यश राज के बियाह एक साल पहिले भइल। पत्नी गर्भवती बाड़ी आ माँ बाप के एकलौता बेटा रहले। पिता नगर परिषद में सफाई जमादार के पद पs कार्यरत बाड़े। जुवक के मौत के बाद परिजनन में कोहराम मच गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]