[the_ad_group id="30365"]

Bihar: केके पाठक के वीडियो वायरल करे के ममिला में बड़ कार्रवाई, बाबूबरही आ पकड़ीदयाल के अवर निबंधक निलंबित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मद्य निषेध, उत्पाद आ निबंधन विभाग के बैठक के वीडियो प्रसारित करे में दु गो अवर निबंधकन पs कार्रवाई कइल गइल बा। पूर्वी चंपारण के पकड़ीदयाल के अवर निबंधक अहमद हुसैन आ मधुबनी के बाबूबरही के प्रणव शेखर के तत्काल प्रभाव से निलंबित कs दिहल गइल बा।

मालूम होखे हो कि मद्य निषेध, उत्पाद आ निबंधन विभाग के अपर मुख्य सचिव केके पाठक के बयान के वीडियो प्रसारित कइल गइल रहे। एमें बिहार प्रशासनिक सेवा के पदाधिकारी आ बिहार के लोगन पs टिप्पणी कइल गइल रहे। ममिला के तूल पकड़ला पs मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मुख्य सचिव आमिर सुबहानी के एकर जांच करे के कहलें रहस।

विभाग के ओर से जारी अधिसूचना में कहल गइल बा कि विभागीय बैठक के वीडियो रिकॉर्डिंग कs के प्रसारित करे के ममिला में एह दुनों अवर निबंधकन से स्पष्टीकरण मांगल गइल रहे। जवाब के संतोषप्रद ना पावल गइला पs दुनों निबंधन कार्यालयन के निरीक्षण करावल गइल रहे। पकड़ीदयाल के अवर निबंधक के बारे में जांच टीम रिपोर्ट देलस कि अहमद हुसैन अपना समनपुरा इस्थित आवास से वीडियो कांफ्रेंसिंग के बैठक में सामिल होत रहस।

संदेह से बचे खातिर आवास के कार्यालय के रूप दे दिहल गइल रहे। एकरा के देखत उनका द्वारा वीडियो प्रसारित करे के पूरा आशंका बा। ई काम सरकारी सेवक के आचरण के प्रतिकूल बा। एकरा के देखत अहमद हुसैन के तत्काल प्रभाव से निलंबित कs दिहल गइल।

निलंबन अवधि में उनकर मुख्यालय जिला निबंधन कार्यालय बांका निर्धारित कइल गइल बा। एही तरह बाबूबरही के अवर निबंधन कार्यालय के जांच कइल गइल।

अवर निबंधक प्रणव शेखर से पूछताछ के आधार पs जांच दल उनका द्वारा वीडियो प्रसारित करे के आशंका जतवलस। बिना अनुमति के अइसन कइला पs विभाग प्रणव शेखर के निलंबित कs दिहल गइल बा। निलंबन अवधि में उनकर मुख्यालय जिला निबंधन कार्यालय जमुई निर्धारित कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]