[the_ad_group id="30365"]

Share Market: हरियर निशान पs खुलल शेयर बाजार; सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स चढ़ल, निफ्टियो में उछाल

शेयर बाजार में लउकल उछाल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


बिजनेस डेस्क।
घरेलू शेयर बाजार नया साल के दूसरका दिन माने बियफे के हरियर निशान पs खुलल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 242.95 अंक चढ़के 78,750.36 पs पहुंचल, जबकि निफ्टी 69.25 अंक चढ़के 23,812.15 अंक पs आ गइल। एकरा संगही सुरुआती कारोबार में अमेरिकी डॉलर के मुकाबले रुपिया नव पईसा गिरके 85.73 पs आ गइल।

सेंसेक्स के 30 शेयरन के हाल

निफ्टी के टॉप गेनर्स और टॉप लूजर्स शेयर

नया साल के आगाज हरियाली के संगे भइल

एकरा पहिले स्थानीय शेयर बाजार में नया साल के पहिला दिन तेजी लवटल रहे आ बीएसई सेंसेक्स 368 अंक से जादे बढ़के बंद भइल, जबकि एनएसई निफ्टियो 23,700 अंक के पार निकल गइल रहे। बीएसई के 30 शेयरन पs आधारित मानक सूचकांक सेंसेक्स में दु दिन से जारी गिरावट पs विराम लागल रहे आ ई साल 2025 के पहिला दिन 368.40 अंक माने 0.47 प्रतिशत चढ़के 78,507.41 अंक पs बंद भइल। कारोबार के दौरान ई एक समय 617.48 अंक तक उछल गइल रहे। नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (एनएसई) के सूचकांकनिफ्टियो 98.10 अंक माने 0.41 प्रतिशत के बढ़त के संगे 23,742.90 अंक पs बंद भइल रहे।

2024 में कइसन रहल रहे चाल?

बीएसई सेंसेक्स मंगर के 109.12 अंक टूटल रहे, जबकि एनएसई निफ्टी में मामूली 0.10 अंक के गिरावट आइल रहे। बीतल साल 2024 में सेंसेक्स 5,898.75 अंक माने 8.16 प्रतिशत चढ़ल, जबकि निफ्टी में 1,913.4 अंक माने 8.80 प्रतिशत के तेजी रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]