[the_ad_group id="30365"]

सत्यवान  ‘चिरंजीवी’ बनलें सपा अधिवक्ता सभा के प्रदेश सचिव, भइल जोरदार स्वागत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव के निरदेस पs समाजवादी अधिवक्ता सभा के प्रदेश अध्यक्ष सिकंदर यादव के ओर से मंगर के सिविल कोर्ट गोरखपुर के नवहा अधिवक्ता सत्यवान चिरंजीवी के अधिवक्ता सभा के प्रदेश सचिव मनोनित कइल गइल बा। उनका मनोनयन के बाद अधिवक्ता लोग सिविल कोर्ट परिसर मे सत्यवान चिरंजीवी के फूल माला पहिना के आ, मिठाई खियाके बधाई दिहल।

सत्यवान एकरा पहिले समाजवादी छात्र सभा में राष्ट्रीय कार्यकारिणी मे रहस आ पार्टी से लमहर समय से जुड़ल बाड़ें। उनका के बधाई देवे वालन मे सिविल कोर्ट के अध्यक्ष भानु पांडेय, उपाध्यक्ष सुमित प्रधान, कोषाध्यक्ष सुनील मिश्रा, संतोष यादव, राहुल तिवारी, नीरज शाही, संजय सिंह, रितेश श्रीवास्तव, बसंत श्रीवास्तव, अंशुमान पाठक, अखंड पांडेय, गुफरान खाँ, अतिफ, राघवेंद्र यादव, छत्रधारी यादव, विनीत कुमार आदि लोग सामिल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]