केडीए रेजीडेंसी के ए श्रेणी के अपार्टमेंट के बीम आ पिलरन में कइयन जगहन पs दरार मिलला के शिकायत फ्लैटन में रहे वाला बीबी सिंह, मधुकर श्याम गुप्ता, बृज भान सिंह आदि लोग मंडलायुक्त डा. राज शेखर से मुलाकात कs के कइले रहे लो। मंडलायुक्त केडीए के पत्र भेजके अपार्टमेंट के जांच कराके 10 सितंबर तक रिपोर्ट देवे के बात कहले रहले। एकरा बाद केडीए आइआइटी आ एचबीटीयू के विशेषज्ञन से जांच शुरू करवले रहे, बाकिर रिपोर्ट तइयार होखल तs दूर जांचे पूरा ना कइल गइल।

एकरा से नाराज लोग अपार्टमेंट के बाहर “योगी जी, ध्वस्त करा दीजिये हमारा अपार्टमेंट, केडीए के भ्रष्ट अफसरों ने कमीशन खाकर बना डाला है केडीए रेजीडेंसी नामक हमारा मौत का अपार्टमेंट, नहीं चाहिए भ्रष्टाचार से बना आशियाना” आदि लिखल बैनरन के अपार्टमेंट के बाहर लगा देले बा लो। लोगन के कहनाम बा कि केडीए समस्या के समाधान ना कइलस तs मुख्यमंत्री से मिलके गुहार लगाएम सs।

बेसमेंट के देवालन में होता पानी के रिसाव

इहां रहे वाला मुकेश अग्रवाल बतवले कि अपार्टमेंट के बेसमेंट के देवालन से चार साल से रिसाव हो रहल बा। बरखा के दौरान तs देवालन पs बनल कइयन गो छेद से पानी तेजी से बहेला। अधिकारी एह कमी के छिपावे खातिर बेसमेंट से पानी साफ करवा के देवालन पs प्लास्टर करवा रहल बा लो।

साभार: दैनिक जागरण