[the_ad_group id="30365"]

West Bengal: कलकत्ता HC से बंगाल सरकार के झटका, BJP के मेगा रैली के मिलल हरियर झंडी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

West Bengal News: कलकत्ता हाई कोर्ट बंगाल के ममता सरकार के झटका देत भाजपा के रैली के हरियर झंडी दे देलस। HC के एगो खंडपीठ 29 नवंबर के कोलकाता के विक्टोरिया हाउस के लगे भाजपा के मेगा रैली के अनुमति देत पश्चिम बंगाल सरकार के याचिका खारिज कs देलस। सरकार एह पs रोक लगावे के मांग कइले रहे।

29 नवंबर के होई मेगा रैली

भाजपा मध्य कोलकाता में विक्टोरिया हाउस के लगे 29 नवंबर के एगो मेगा रैली करे वाली बाड़ी। एह रैली में भाजपा नेता आ केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह सामिल होई लो।

पूर्व आदेश के दिहल गइल रहे चुनौती

बता दीं कि बंगाल सरकार कोर्ट के पूर्व आदेश के चुनौती देले रहे, जेमे पीठ भाजपा के रैली निकाले के अनुमति देले रहस। 20 नवंबर के कलकत्ता हाई कोर्ट के न्यायमूर्ति राजशेखर मंथा के एकल पीठ भाजपा के 29 नवंबर के रैली के अनुमति देत स्थानीय पुलिस पs कइयन गो टिप्पणी कइल गइल रहे।

पीठ कहले रहे कि एगो स्वतंत्र देस में केहूओ के कहियों जाए के अनुमति बाड़ें। कोर्ट कहलस कि पुलिस के ओर से रैली के अनुमति ना देवे के कवनो औचित्ये ना रहे।

बता दीं कि भाजपा के रैली मनरेगा के ओर से दिहल जये वाली नौकरी में बंगाल सरकार के अनियमिततन के उजागर करे खातिर आयोजित कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]