Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Gorakhpur News: छात्रावास फायरिंग में नव गिरफ्तार, भेजल गइल जेल- दु राउंड भइल रहे फायरिंग

114
Google Ads 300*250 for posts

गोरखपुर। विश्वविद्यालय के स्व. रामप्रताप शुक्ल छात्रावास गेट के सामने पांच सितंबर के भइल मारपीट आ फायरिंग के ममिला में कैंट पुलिस नव आरोपियन के कैंट इलाका के सरदार तिराहा से गिरफ्तार कइले बिया। अतवार के उनका के कोर्ट में पेश कइल गइल। जहां से सबका के जेल भेज दिहल गइल। पकड़ल गइल जुवकन के लगे से 32 बोर के एगो अवैध पिस्टल दु कारतूस, दु खोखा आ तीन वाहन बरामद कइल गइल बा।

विश्वविद्यालय के प्रो. गोपाल प्रसाद एह ममिला में केस दर्ज करवले रहस। पुलिस के दिहल गइल तहरीर में ऊ बतवलें रहस कि पांच सितंबर के रात करीब 11 बजे बाइक सवार 10-12 बाहरी जुवक छात्रावास गेट के लगे आ गइल लो। ऊ छात्रावासियन के गाली आ जान से मारे के धमकी देवे लागल।

छात्रावासी लोग विरोध कइल तs हत्या के नीयत से दु राउंड फायरिंग कइल गइल रहे। फायरिंग होखला के बाद छात्रावासी अंदर भागके छिप गइल लो। बाहरी जुवक भागत रहे लो, एही दौरान एगो जुवक के बाइक नंबर यूपी 53 बीआर 9641 उहां छूट गइल। सूचना के बाद पहुंचल पुलिस के ऊ बाइक सउप दिहल गइल।

प्रो. गोपाल के तहरीर के आधार पs पुलिस बीएनएस के धारा 189 (4), 352, 351 (3) आ 109 के तहत केस दर्ज कइले बिया। कैंट पुलिस ममिला के तफ्तीश कइल लो तs कुछ जुवकन के नाम प्रकाश में आइल। प्रभारी निरीक्षक संजय सिंह आ उनकर टीम कैंट इलाका के सरदार तिराहा से पुलिस नव जुवकन के गिरफ्तार कs के ओह लोगन के अतवार के कोर्ट में पेश कइल गइल, जहां से सभे के जेल भेज दिहल गइल।

पुलिस एह नवहन के कइलस गिरफ्तार

शिवानन्द निषाद पुत्र रामनरायण निषाद, नमन यादव पुत्र चन्द्रदेव यादव, सत्यपाल यादव पुत्र शोभराज यादव, विवेक यादव पुत्र जितेन्द्र यादव, अभिषेक यादव पुत्र रामप्रवेश यादव, निखिल यादव पुत्र कोमल यादव, आलोक पाण्डेय पुत्र गंगाधर पाण्डेय, शिवम कन्नौजिया पुत्र मुनीब कन्नौजिया, सन्तोष कुमार निषाद पुत्र विजय प्रताप निषाद।

छव आरोपियन पs पहिला बेर दर्ज भइल केस

पकड़ल गइल जुवकन में शिवानंद, नमन, विवेक, अभिषेक, आलोक, शिवम के खिलाफ पहिला बेर केस दर्ज भइल बा। ओहिजा संतोष आ निखिल के खिलाफ दुगो केस दर्ज बा। एकरा पहिले दुनो पs रामगढ़ताल थाना में एगो केस दर्ज रहे। जबकि सत्यपाल के खिलाफ तीन गो केस दर्ज बा। सत्यपाल के लगे से पुलिस पिस्टल बरामद कइले बिया।

एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई बतवलें कि विश्वविद्यालय छात्रावास गेट पs फायरिंग आ बवाल करे वाला नव जुवकन के गिरफ्तार कs के कनूनी कार्रवाई कइल जा रहल बा। बाकी जुवकन के तलाश चल रहल बा। ओकनियो के जल्दिये गिरफ्तार कs लिहल जाई।

953640cookie-checkGorakhpur News: छात्रावास फायरिंग में नव गिरफ्तार, भेजल गइल जेल- दु राउंड भइल रहे फायरिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.