JEE एग्जाम क्लियर ना भइल तs दिल्ली में 17 साल के लइकी बिल्डिंग से कूद के दे दिहलस जान

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 26, 2024

  दिल्ली के जामिया नगर इलाका में 12वीं कक्षा के छात्रा इमारत से कूद के आत्महत्या (दिल्ली गर्ल सुसाइड) कs देलस। एकर एकमात्र कारण रहे कि उs जेईई परीक्षा में क्लियर ना हो पवली। परीक्षा

Share

Delhi Crime News

 

दिल्ली के जामिया नगर इलाका में 12वीं कक्षा के छात्रा इमारत से कूद के आत्महत्या (दिल्ली गर्ल सुसाइड) कs देलस। एकर एकमात्र कारण रहे कि उs जेईई परीक्षा में क्लियर ना हो पवली। परीक्षा क्लियर ना हो पावे से कुंठित अवुरी निराश एगो 17 साल के लईकी बिल्डिंग से कूद के आत्महत्या कs लेलस। बतावल जाता कि इs घटना शुक के भईल बा।

परीक्षा में फेल होखला के बाद आत्महत्या

इमारत से गिरला के बाद लईकी के मउत हो गईल। उनुका के देखते आसपास के लोग तुरंत जमा हो गईले। सब लोग बस इs पता लगावे के कोशिश में रहे कि का भईल। बता दीं कि उनुका से एगो सुसाइड नोट भी बरामद भईल बा, जवना में लिखल बा कि हम अपना के माफ ना कs पवनी।

लइकन पs पढ़े के एतना दबाव काहे?

देश के कई हिस्सा से अइसन खबर सामने आ रहल बा। राजस्थान के कोटा से एह तरह के रिपोर्ट के बड़हन संख्या सामने आवेला जहाँ परीक्षा पास ना होखे का चलते भा पढ़ाई के दबाव के चलते लइका आत्महत्या कs रहल बाड़े. हाल ही में आईआईटी के परीक्षा में क्लियर ना हो पावल एगो छात्र आत्महत्या कs लेले रहे।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.