Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Elon Musk पs अब चली मुकदमा, ट्वीट के माध्यम से टेस्ला के शेयरन में गड़बड़ी करे के आरोप

Elon Musk पs ट्वीट (Tweet) के जरिए टेस्ला के शेयर के कीमत में हेरफेर के आरोप लागल बा। कंपनी के शेयरधारकन के आरोप बा कि मस्क के ट्वीट के कारण उनका अरबन डॉलर के नुकसान भइल बा।

912

टेस्ला के सीईओ एलन मस्क एक बेर फेर मुश्किलन में घिर गइल बा।मस्क के कथित तौर पs शेयर बाजार में हेरफेर करे खातिर मुकदमा के सामना करे के पड़ी। उनका ओर से मुकदमा के कैलिफोर्निया से बाहर ले जाये के अपील के न्यायालय के ओर से खारिज कs दिहल गइल बा।

बता दीं, अगस्त 2018 में ऊ एगो ट्वीट कइले रहस कि उनका लगे टेस्ला के निजी कंपनी बनावे खातिर पर्याप्त धन बा, जवना से कंपनी के शेयर में तेजी देखे के मिलल रहे। एह ममिला में शेयरधारक लोग नमस्क पs आरोप लगवले बा कि ओह लोगन के एह ट्वीट के कारण अरबन डॉलर के नुकसान भइल बा।

मस्क के अनुरोध भइल अस्वीकार

अदालत के प्रवक्ता बतवलें कि न्यायाधीश एडवर्ड चेन सुक के कार्यवाही के अमेरिका के दक्षिणी राज्य टेक्सास में स्थानांतरित करे से इनकार कs देलेम, जहां मस्क टेस्ला के मुख्यालय के शिफ्ट कs देले बाड़े आ ममिला पs सुनवाई मंगर से सुरू हो सकत बा। ओहिज, मस्क के वकील के कहनाम रहे कि उनका के सैन फ्रांसिस्को में निष्पक्ष सुनवाई से वंचित कइल जा सकत बा, काहेकि पिछला साल अक्टूबर में ट्विटर किनले रहस, जवना के बहुते आलोचना भइल रहे।

ट्विटर के अधिग्रहण कइला के बाद मस्क कुल 7,500 कर्मचारियन में से आधा से बेसी के निकाल देले रहस था आ साइट के सामग्री मॉडरेशन नीतियन के बदल देले रहस।

एक्सचेंचो कर चुकल बा कार्रवाई

2018 में मस्क के ओर से कइल गइल ट्वीट अमेरिकी अधिकारियन के धेयान खिंचले रहे। एह पs कार्रवाई करत  अमेरिकी शेयर बाजार नियामक सिक्योरिटीज आ एक्सचेंज कमीशन (Securities and Exchange Commission) आदेस देले रहे कि मस्क टेस्ला के बोर्ड के अध्यक्ष के रूप में पद छोड़ देस आ 20 मिलियन डॉलर के जुर्माना अदा करसs।

ब्लूमबर्ग बिलेनियर इंडेक्स के मोताबिक, एलन मस्क अभी दुनिया के दूसरका सबसे अमीर व्यक्ति हवे आ उनका लगे करीब 132 अरब डॉलर के संपत्ति बा।

438410cookie-checkElon Musk पs अब चली मुकदमा, ट्वीट के माध्यम से टेस्ला के शेयरन में गड़बड़ी करे के आरोप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.