अभ्यास कि चीन के चेतावे के कोसिस? समझीं LAC के पास भारत-US के बड़ तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 27, 2022

साल 2022 के अंतिम 2 महीना भारतीय सेना खातिर बहुते व्यस्त होखे वाला बा। खबर बा कि भारत सीमा प चीन से तल्खी के बीच अमेरिका सहित कइयन देशन के संगे बड़ स्तर प सैन्य

Share

साल 2022 के अंतिम 2 महीना भारतीय सेना खातिर बहुते व्यस्त होखे वाला बा। खबर बा कि भारत सीमा प चीन से तल्खी के बीच अमेरिका सहित कइयन देशन के संगे बड़ स्तर प सैन्य अभ्यास करे के फसीला कइलें बा। एह दौरान भारतीय सेना के तरफ से युद्धपोत, पनडुब्बी, लड़ाकू विमान आ हेलीकॉप्टर तैनात कइल जाई। बुध के भारत बंगाल के खाड़ी में सिंगापुर के संगे सैन्य अभ्यास शुरू कइले बा।

मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, भारत क्वाड देशन के संगे कइयन गो बड़ अभ्यास के योजना तइयार कइले बा। एमे जापान से दूर मालाबार अभ्यास, ऑस्ट्रेलिया समेत तीन गो आसियान देशन के संगे अभ्यास आ चीन के लगे वास्तविक नियंत्रण रेखा माने LAC के लगे अमेरिका के संगे ऊंचाई प सैन्य अभ्यास शामिल बा।

8 से 18 नवंबर के बीच होखे वाला मालाबार अभ्यास खातिर क्वाड देश (भारत, अमेरिका, जापान आ ऑस्ट्रेलिया) तइयार बा। एने, भारत INS शिवालिक, एंटी सबमरीन कॉर्वेट INS कामरोता आ एगो P-81 लॉन्ग रेंज मेरिटाइम पैट्रोल एयरक्राफ्ट भेजलेे बा।

एकरा अलावे भारत अमेरिका के साथहूं अभ्यास खातिर तइयार बा। खबर बा कि भारत आ अमेरिका के बीच 15 नवंबर से 2 दिसंबर के बीच बटालियन स्तर के ‘युद्ध अभ्यास’ उत्तराखंड के औली में होई। खास बात ई बा कि ई LAC से लगभग 100 किमी के दूरी प बा।

ऑस्ट्रेलिया आ भारत आपस में सैन्य संबंध मजबूत करे में जुटल बा। एही बीच दुनो देशन के सेना पहिला बेर 28 नवंबर से 11 दिसंबर के बीच राजस्थान में महाजन फील्ड फायरिंग रेंज में ‘ऑस्ट्रा-हिंद’ अभ्यास करी।

साभार: हिंदुस्तान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.