Big Breaking: पटना में संगीतकार बृज किशोर दुबे के हत्या, बाथरूम के टब में डुबाके लिहल गइल जान; हाथ बंधल मिलल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2022

बिहार के राजधानी पटना में सोमार के बड़ वारदात भइल। राजीव नगर में संगीतकार बृज किशोर दुबे के संदिग्ध मौत हो गइल। घर के बाथरूम में उनकर शव मिलल बा। बृज किशोर के हाथ बंधल

Share

बिहार के राजधानी पटना में सोमार के बड़ वारदात भइल। राजीव नगर में संगीतकार बृज किशोर दुबे के संदिग्ध मौत हो गइल। घर के बाथरूम में उनकर शव मिलल बा। बृज किशोर के हाथ बंधल मिलल बा। सूचना प पहुंचल पुलिस बतवलस कि पहिला नजर में टब में डुबाके जान लेवे के बात सामने आ रहल बा। ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

बता दीं कि बृज किशोर दुबे राष्ट्रपति से सम्मानित लोकगायक आ संगीतकार रहले ह। जानकारी के मोताबिक ई फ्लैट बृज किशोर दुबे संगीत सिखावे खातिर अपना संघतिया के संगे मिलके किराया प लेले रहस। फिलहाल ममिला के जांच पुलिस क रहल बिया। FSL टीम के बोलावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.