[the_ad_group id="30365"]

Global Investors Summit UP : यूरोप के छह देसन से सबसे जादे निवेश ले आवे के मुहिम, सीआईआई के टीमो जुटल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगिला साल फरवरी में होखे जा रहल यूपी ग्लोबल इन्वेस्टर्स समिट में सरकार के सबसे जादा फोकस यूरोप के निवेशकन पर बा। शासन के आला अधिकारी विदेशी निवेशकन के संपर्क में बा लोग,बाकिर ओह लोग के सर्वाधिक उम्मीद यूरोप से बा। यूरोप के छव देस फ्रांस, इंग्लैंड, नीदरलैंड, डेनमार्क, बेल्जियम आ जर्मनी से जादे से जादे निवेशकन के यूपी ले आवे के कोसिस बा। यूरोपीय देसन से 18 क्षेत्रन में निवेश के संभावना बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में यूरोपियन देसन खातिर अलग से टीम बनावल गइल बा। एमे प्रदेश के छव महत्वपूर्ण विभागन के अपर मुख्य सचिव आ प्रमुख सचिव स्तर के अधिकारियन के मिशन यूरोप पर लगावल गइल बा। एकरा अलावे कन्फेडेरेशन ऑफ इंडियन इंडस्ट्रीज (सीआईआई) के अधिकारियो जुटल बा लो। प्रदेश के जवना छव विभाग के अधिकारियन के मिशन यूरोप पर लगावल गइल बा, ओमे शहरी विकास, वस्त्रोद्योग, नियोजन, औद्योगिक विकास, परिवहन आ आवास विभाग सामिल बा। मुख्यमंत्री कार्यालय से एकर निगरानी कइल जा रहल बा। ई अफसर पेरिस, लंदन, ब्रुसेल्स, स्टॉकहोम, हेग, फ्रैंकफर्ट आ म्यूनिख जइसन शहरन के उद्योग समूहन से यूपी में निवेश खातिर वार्ता कर रहल बा लो।

यूरोप से जवना 18 सेक्टरन में बड़ निवेश के उम्मीद बा ओमे, ऊर्जा, रिटेल, रसायन, दवा, ऑटोमोबाइल, इलेक्ट्रॉनिक्स विनिर्माण, ईवी मैन्युफैक्चरिंग, बुनियादी ढांचा, एग्रो एंड फूड प्रोसेसिंग, कपड़ा, रक्षा इंजीनियरिंग, प्रौद्यौगिकी, विनिर्माण, कृषि उपकरण, जल प्रबंधन, ग्रीन हाउस टेक्नालॉजी, वेंचर कैपिटलिस्ट आ ट्रांसपोर्ट सेक्टर सामिल बा। सरकार के ओर से एह सब 18 सेक्टरन में काम कर रहल बड़ कंपनियन के संगे वार्ता के दौर लगातार जारी बा।

एह कंपनियन से हो रहल बा बात

ऊर्जा: ब्रिटिश गैस, ईडीएफ एनर्जी, ई ऑन, एन पॉवर आ एसईई
रिटेल: श्वार्ज, एल्डी, कैरफोर, टेस्को, रेवे, एडेका, सैंसबरी, एहोल्ड डेलहैज आ मेट्रो
फार्मा: जीएसके पीएलसी, बायर एक्टिन्ग शेल्सक्राफ्ट, बायो एनटेक एसई, लोन्जा ग्रुप आ जैज फॉर्मास्युटिकल्स
केमिकल: लिंडे, एयर लिक्विड, बीएएसएफ , लिओन्डेल बेसेल इंडस्ट्रीज, ईएमएस केमी, सिमराइस, एग्जोनोबल आ कोर्डा इंटरनेशनल
ऑटोमोबाइल एंड ईवी मैन्युफैक्चरिंग: फॉक्स वैगन एजी, स्टेलांटिस एनवी, मर्सडीज बेंज, बेयरिश मोटर्न वर्के (बीएमडब्ल्यू), रिनॉल्ट, डैमलर ट्रक होल्डिंग, एबी वॉल्वो आ डॉ इंग एचसीएफ पोर्श
एग्रो एंड फूड प्रोसेसिंग: विटेरा, एग्रो डोनस राइस, एग्रोफर्ट, एरिडॉन, सॉफलेट, स्लैडॉनी आ ग्रेन कॉम
टेक्सटाइल्स: जेलेन्डो एसई, प्राडा, एलपीपी एसए आ एलिस
डिफेंस: एयरबस, थाइसेनक्रुप, बीएई सिस्टम, थेल्स, सैफरान, लियोनार्डो एसपीए, रॉल्स रॉयस आ मेलरोज
ग्रीन हाउस टेक्नोलॉजी: क्लाइम्ब वर्क, आइरॉन, इनसोलाइट, केरैगन, रेड सी, गॉथम ग्रीन, स्पॉन्श आ ब्राइट फार्म
वेंचर कैपिटल: ग्लोबल फाउंडर कैपिटल, हाईवेंचर, हाईटेक ग्रंडरफॉन्ड्स, हॉल्ट्जब्रिंक, पार इक्विटी, सीडकैंप आ स्पीड इन्वेस्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]